सुवर्ण गाँवपालिका कुल बजेट के ७४ दशमलव ४३ प्रतिशत खर्च कईलख

प्रभु यादव
बारा ०९ कुवार
बारा के सुवर्ण गाँवपालिका मे आर्थिक वरीस २०७७÷०७८ के कुल बजेट के ७४ दशमलव ४३ प्रतिशत खर्च कईले बा । बार्षिक कार्य प्रगति प्रतिवेदन प्रस्तुतीकरण तथा समीक्षा कार्जक्रम मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नवीन कुमार श्रीवास्तव प्रतिवेदन प्रस्तुत करत जनकारी करावले बानी ।
पालिका के बार्षिक विनियोजित कुल बजेट ५० करोड ४७ लाख ४८ हजार पाच सय दु रोपेया ७३ पईसा मे से ३७ करोड ५६ लाख ८६ हजार ६१ रोपेया ८८ पईसा खर्च भईल अधिकृत श्रीवास्तव जनकारी करावले बानी । क्षेत्रगत बजेट मे से सब से अधिक प्रशासकीय सुशासन मे ९९ दशमलव ४४ प्रतिशत आ सब से कम बजेट पुननिर्माण मे ४२ दशमलव ८७ प्रतिशत खर्च भईल कार्जक्रम मे अधिकृत श्रीवास्तब जनकारी करावले रहनी ।
पालिका के १३ गो बैंक खाता मे से आन्तरिक अनुदान खाता, स्थानीय विविध कोष खाता, स्थानिय विभाज्य कोष खाता, स्थानिय आकस्मिक खाता आ वित्तीय व्यवस्थापन खाता मे कवनो आय व्यय ना भईल कार्जक्रम मे जनकारी करावल गईल रहे । कार्जक्रम मे विकास के काम मे उपभोक्ता समिति सब से कईल काम के प्रशासा करत प्रमाण पत्र देके आवेवाला दिन मे सम्पन्न भईल योजना के संरक्षण करेला ध्यानाकर्षण करावत प्रमाण पत्र देहल गईल रहल ।
सुवर्ण गाँवपालिका के अध्यक्ष महेन्द्र यादव के सभापतित्व मे आ प्रदेश नम्बर २ के प्रदेश सभा सदस्य बच्चा यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि उपाध्यक्ष वविता यादव लगायत सभे वार्ड अध्यक्ष कार्यपालिका सदस्य कर्मचारी सब के सहभागिता रहल रहे ।




