दु जने के हाथे ट्रेक्टर देहल गईल

पोखरिया २८ माघ,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे आजु दु जने कृषक समुह के दु गो हाथे ट्रेक्टर एगो कार्जक्रम के बीच देहल गईल बा ।
ठोरी गाँवपालिका के कार्यलय घ्याङ्डाडा मे आयोजना कईल कार्जक्र मे लक्ष्मी कृषक समुह रामनगर के अध्यक्ष रामचन्द्र घिमरे आ नव उदय कृषक समुह बुद्वनगर के अध्यक्ष अरण कुमार अधिकारी के गाँवपालिका अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ हाथे ट्याक्टर देहले रहनी । कार्जक्रम मे गाँवपालिका के प्रमुख प्रसासकिय अधिकृत धर्मराज थापा, स्थानियबासी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






