विकास आ सहजीकरण के खातिर ७ बुँदे प्रस्ताव सहित ज्ञापन

विकास आ सहजीकरण के खातिर ७ बुँदे प्रस्ताव सहित ज्ञापन

विराटनगर २० अगहन

नेपाल भारत रेल यात्रु सहजीकरण समिति पर्यटन प्रवद्र्धन विकास आ सहजीकरण के खातिर पर्यटन वन तथा वातावरण मन्त्री गणेश उप्रेती के ७ बुँदे प्रस्ताव सहित ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।

अनेकन किसिम के सामाजिक, सांकृतिक, धार्मिक तथा पर्यावरण रक्षा के खातिर कामसब करत रहेके सामाजिक संस्था नेपाल भारत रेल यात्रु सहजीकरण समिति कोशी प्रदेश सरकार पर्यटन वन तथा वातावरण मन्त्रालय के सम्बोधन करके नेपाल भारत प्रवेश द्वार मे भारत से नेपाल आवेके आ नेपाल से भारत जाएवाला पर्यटकलोग के खातिर सार्वजानिक सिपटी बनावेके माग कईले बाडन ।

एहितरे नेपाल–भारत सीमा मे बन रहल प्रवेश द्वार मे सीमावर्ती क्षेत्र के धार्मिक सांस्कृतिक स्थल के कला कृति राखेके, कोशी प्रदेश के बिहार सँगे के सम्बन्ध बिस्तार के खातिर एक संयुक्त कमिटी बनावेके, बिहार के आपन कर्मभूमि बनाके राजनीति के धरोहर स्थल के रूप मे स्थापित जननायक बीपी कोइराला के जन्म दिवस मे बिहार के राजधानी पटना तथा कोसी प्रदेश मे समन्वय के आधार मे राजकीय कार्जक्रम आयोजना करेके, भारत से आवेवाला पर्यटकलोग के खातिर सीमा मे बहुभाषिक साईन बोर्ड लगावेके, विराट राजा के दरबार के महाभारत सर्किट से जोडेके आ पर्यटकीय रेल संचालन के खातिर पहल, जरुरी समन्वय, सहजोग करेके आ पर्यावरण संरक्षण के खातिर क्रस बोर्डर वृक्षारोपण, बतकही आ जनचेतना मुलक करेके प्रस्ताव सहित संस्था के अध्यक्ष राजेश कुमार शर्मा आ प्रमुख सल्लाहकार महेश कुमार साह स्वर्णकार मन्त्री उप्रेती के ज्ञापन पत्र बुझवले बाडन ।

पर्यटन वन तथा वातावरण मन्त्री उप्रेती जलदी हि दुनु देश बीच के समन्वय मे बईठक करके उ प्रस्ताव उपर छलफल करेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।