कृषि श्रम के उद्योग से जोडेके पडल :- कृषिमन्त्री भुसाल

लुम्बिनी, २८ माघ,

कृषि तथा पशुपन्छी विकासमन्त्री घनश्याम भुसाल निर्वाहमुखी कृषि के नाफामुखी बनावे के बात मे जोड देहले बानी । लुम्बिनी प्रेस क्लब के भवन के भैरहवा मे शिलान्यास करत उ कृषि श्रम के उद्योग सँगे जोडेके पडि कहनी ।

मन्त्री भुसाल विकास के क्षेत्र मे पार्टीकरण ना करके सभी के अपनत्व होखेवाला किसिम से वर्तमान सरकार काम अगाडि बढा रहल आ कुछ दिन मे मन्त्रालय के योजनासहित सार्वजनिक होखेके बतवनी । उ कहनी कि, “हम अध्ययन कर रहल बानी । हम मन्त्री भईला के बाद सुरु मे हडबडईनी । अब करीब ६० बरीस के कृषि से ना कईल काम का ह कहके बुझनी । कुछ दिन मे देखेवाला किसिम से काम के सुरुवात होखी ।”

उ अवसर मे प्रदेश सांसद सन्तोष पाण्डे, फकरुद्दिन खान, संविधानसभा के पूर्वसदस्य इस्तियाक अहमद खान, उद्योग वाणिज्य महासङ्घ के केन्द्रीय सदस्य कृष्णप्रसाद शर्मा, प्रजिअ महादेव पन्त, उद्योग व्यापार सङ्गठन रुपन्देही के अध्यक्ष नारायण भण्डारी लगायत लुम्बिनी प्रेस क्लब के गतिविधि से लुम्बिनी क्षेत्र के विकास मे टेवा देहल बतवनी । क्लब से १२ धुर जमिन मे चारतला के अपाङ्ग मैत्री भवन बनावे के क्लब के अध्यक्ष दीपेश पछाईं बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।