महोत्तरी के एगो बस्ती मे १५ दिन मे १३ जने संक्रमित के मृत्यु

महोत्तरी ७ जेठ

महोत्तरी के भङ्गाहा नगरपालिका–४ के एगो बस्ती मे पिछिलका १५ दिन भितर १३ जने के मृत्यु भईल बा । कोभिड–१९ से रामनगर बस्ती मे दु हप्ता मे १३ जने के मृत्यु भईल बा । मृतक मेसे ५० बरीस के एक जनानी बाहेक केहु के पिसिआर परीक्षण भईल ना रहे ।

चारुओरी कोभिड–१९ सङ्क्रमण से धमाधम आदमी मरे लागला के बाद बस्ती मे डर फईलल बा । मृतक मेसे अधिकांश ५० बरीस उमिर के हाराहारी के पडल बा । सरदीखोकी लागेके, सामान्य बोखार आवेके आ पेटझरी के समस्या से बहुते के मृत्यु भईल उ बस्ती के बासिन्दा मुकुन्द दाहाल बतवनी ।

‘बेमार भईला के बाद दु जने के परिवारजन अस्पताल पुगवले रहलन, आउर घर मे मरलन’ कहत दाहाल, ‘अस्पताल पुगावल गईल दु जने के भी पीसीआर परीक्षण कईल ना रहे ।’ महाव्याधि त्रास के चलते आदमी मरला पर घर के परिवारबाहेक आफन्त भी अन्त्येष्टि मे सामेल भईल छोडल दाहाल बतवनी । पिछिलका कुछ घटना के लास त नगरपालिका जेसिभी से उठाके हलावल उनकर कहनाम बा । कोरोना से एके वस्ती मे एतना बेसी के मृत्यु भईला पर भी कुहँ से पिसिआर जाँच के सुरसार तक ना भईल स्थानीय महिला स्वास्थ्य स्वयंसेविका दिपमाया श्रेष्ठ बतवनी ।

आपन वार्ड बस्ती मे भईल मानवीय क्षति आ घरघर मे रहल मरेजी मे कोभिड–१९ के लक्षण रहल वार्ड अध्यक्ष अशोककुमार महतो के कहनाम बा । अभी मरेजी रहल मेसे बहुते जईसन मे कोभिड–१९ के लक्षण देखल गईल महतो बतवनी । बस्ती मे अभी २०० से बेसी मरेजी रहल आ उ मेसे गम्भीर प्रकृति के पाँच जने के उपचारार्थ जनकपुर पठावल गईल महतो जानकारी देहनी ।

‘पीसीआर परीक्षण आ आउर जाँच, ईलाज सेवा के खातिर जिल्लास्थित कोभिड–१९ सङ्कट व्यवस्थापन केन्द्र मे निरन्तर सम्पर्क मे बानी’ कहत वार्ड अध्यक्ष महतो, ‘चारुओरी महाव्याधि के चपेटा से प्रविधि आ दक्ष जनशक्ति के तत्काल व्यवस्थापन करे ना सकला पर देरी भईल बा ।’ अब बस्तीस्तर मे पिसिआर परीक्षण के खातिर स्वाव सङ्कलन आ आउर स्वास्थ्य जाँच के प्रबन्ध मिलावे लागल महतो के कहनाम बा ।

एहितरे जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी तिर्थराज भट्टराई जिल्लास्थित कोभिड–१९ सङ्कट व्यवस्थापन केन्द्र मे ई बारेमे जानकारी रहल आ जाँच, ईलाज के खातिर जनशक्ति के प्रवन्ध करेके बतवनी । जिल्ला मे ई पाली बितल वैशाख १४ गते कोभिड–१९ सङ्क्रमण पुष्टि से पहिलका मृत्यु भईल रहे । ओकरा एने आजु (शुक के दिने) सबेरे ७ बजे तक जम्मा ४१ जने के सङ्क्रमण पुष्टि होके मृत्यु भइल स्वास्थ्य कार्यालय जनवले बा ।

जिल्ला मे ई पालि एक हजार ५३८ जने मे सङ्क्रमण पुष्टि भईल बा । ई मेसे एक हजार ३८२ जने मे सक्रिय सङ्क्रमण रहल कार्यालय के कोभिड—१९ स्रोतव्यक्ति प्रतिभा सिंह जानकारी देहनी ।

ई पालि ११५ जने सङ्क्रमण जितले बाडन । बितल बरीस वैशाख से कातिक तक १८ जने के सङ्क्रमण से मृत्यु भईल रहे आ दु हजार १४१ जने मे सङ्क्रमण पुष्टि भईल रहे । बितल बरीस सक्रिय सङ्क्रमित के सङ्ख्या ९०० के हाराहारी मे रहल कार्यालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।