वीरगंज न्युज २४ के वार्षिकोत्सव पुरा, पत्रकारलोग के खबरदारी के चलते भ्रष्टाचारी के पोल खुल रहल :- सांसद यादव

वीरगंज ०१ फागुन,
पर्सा क्षेत्र नं. १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदीप यादव पत्रकारलोग से खबरदारी ना कईला पर माफियालोग देश के बेचेमे समय ना लागी कहके बतवले बानी ।
वीरगंज से प्रकाशित होत आईल वीरगंज न्यूज २४ दैनिक के पहिलका बार्षिकोत्सव समारोह के उदघाटन करत प्रमुख अतिथी सांसद यादव वाइडबडी, यती, एनसेल, ललिता निवास लगायत के प्रकरण के सञ्चारजगत उजागर ना कइले रहित त माफियालोग के देश बेंचेमे समय ना लगाईत कहके आरोप लगवनी ।
वीरगंज स्थित रोयल पार्टी प्यालेस मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे पत्रकारलोग से खबरदारी कईला के चलते ललिता निवास के जग्गा काण्ड बाहर आईल चर्चा करत उ अख्यितयार से भी जग्गा काण्ड के अभियुक्तलोग उपर मुद्दा दर्ता कईल आ अभी एक सय ७५ जने उपर मुद्दा चल रहल आ आउर निकाय मे भी अख्तियार धमाधम गोरख धन्दा चलावेवाला उपर कडा निगरानी कर रहल बतवनी ।
जनआन्दोलन, मधेस आन्दोलन सफल भईला मे पत्रकार जगत के महत्वपूर्ण योगदान रहला से हमनी गणतन्त्रवादीलोग परिवर्तन के रास्ता मे अगाडि बढ रहल चर्चा करत पत्रकारलोग के सराहना कइनी ।
पत्रिका के लोक कल्याणकारी विज्ञापन के भुक्तानी के खातिर जनकपुर जाएके बाध्यता के सिकाईत के सन्दर्भ मे बोलत यादव जिल्ला हुलाका कार्यालय पर्सा से हि भुक्तानी के व्यस्था मिलावे खातिर पहल करेके आ सांसद मे भी आवाज उठावे के प्रतिबद्धता जनवनी ।
नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान पत्रकारलोग के सहज तरिका से समाचार सम्प्रेशण करे खातिर वीरगंज मे एगो मिडिया हब स्थापना करे खातिर सांसद यादव के ध्यानाकर्षण करवले रहनी ।
पत्रिका के प्रकाशक अखिलेस प्रसाद साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघका प्रदेश २ के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की, नेपाल चिकित्सा शास्त्र अध्ययन संस्थान वीरगंज के प्रमुख प्रो. सूर्य कोईराला, नेकपा के पर्सा अध्यक्ष प्रभु हजरा, समाजवादी पार्टी के पर्सा सचिव तबरेज अहमद, पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बंजारा, प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य राघव साह, वृजलाल पासवान, गैसस महासंघ नेपाल पर्सा के अध्यक्ष छठु साह, प्रेस युनियन पर्सा के उपाध्यक्ष शेखर छतकुली, भिजिट मधेस के संयोजक ओमप्रकाश सर्राफ लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
संचारकर्मी उज्जवल घिमिरे से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे राजपा पर्सा के अध्यक्ष राजेशमान सिंह, पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत, पर्सा के सशस्त्र प्रहरी नायब उपरिक्षक बिकास भुजेल आ अमर खत्री, नेकपा के नेता बाबुराम कौशिक, सुदिप लामा, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के सदस्य जगत राई, संघिय प्रेस नेपाल के केन्द्रिय सदस्य अनिल तिवारी, पर्सा अध्यक्ष आर.के पटेल, ईकोनामिक जर्नालिष्ट एसोशिएसन के बिजय कुशवाहा, प्रेस संगठन पर्सा के संयोजक निरज पिठाकोटे, महिला पत्रकार संजाल के अध्यक्ष लक्ष्मी खरेल, कबिता खडका, प्रेस संगठन नेपाल प्रदेश नं. २ के सदस्य किरणराज पाण्डे, तुलसी भण्डारी, आशिक अंसारी, संजिव मिश्रा, बरिष्ठ पत्रकार सुदर्शनराज पाण्डे, भिजिट नेपाल २०२० समन्वय समिति पर्सा के संयोजक बिनोद चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।







