शिक्षा के विकास भईला पर समाज मे सचेत बढी :- मेयर यादव

बारा ०१ फागुन,
बारा के कलैया उपमहानगरपाली के मेयर राजेश राय यादव सिमाकृत समाज मे शिक्षा होईत सचेत बनी कहके बतवले बानी ।
जन जागरण युवा क्लव के आयोजना मे भईल सुन्दर शान्त परियोजना के समापन कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि मेयर यादव अइसन बतानी । परियोजना से करे के काम कईल गईल माकीर कमही उपलब्धि भईल मेयर यादव के कहनाम रहल ।
परियोजना के सचेतना से सिमाकृत समुदाय के जगह मे विकास के काम करेला सहज बनात गईल बा मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालीका के सभा हल मे भईल कार्जक्रम के सभापतित्व आयोजक संस्था के उपाध्यक्ष राजदेव साह के रहल जवना मे नगरिक समाज बारा के अध्यक्ष उमेशलाल दास, नागरीक संवाद मञ्च के अध्यक्ष मुकेश साह, पत्रकार महासंघ के प्रदेश २ के सदस्य सिकेन्द्र पासवान, कन्तिपुर टेलिभिजन के रमेश ठाकुर, साजिर मंसुर, राजनारायण राम, किस्मती पासवान, मञ्जु सुवेदी लगायत के लोग सहभागिता भईल रहल ।






