दु जने फरार प्रतिवादी के बारा प्रहरी पकडलख

प्रभु यादव
बारा १३ माघ
बारा प्रहरी दु जने फरार प्रतिवादी के पकडले बा । पकडाई बारागढी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ के रहनीयार ६० बरीस के सुरेन्द्र साह (बनिया) कानु आ बारागढी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ पथरा टोल के रहनीयार ७५ बरीस के सखिचन महरा रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक राजेश थापा जनकारी करावले बानी ।
महरा के जिल्ला अदालत बारा से लेनदेन मुद्दा मे २०७५ फागुन १५ गते फैसला आ २०७७ साल कुआर २७ गते ६ महिना कैद के आदेश दिहले रहल । ओईसही कानु के जिल्ला अदालत बारा से लागू औषध मुद्दा मे २०७४ सावन ९ गते फैसला कर के १ बरीस ३ महिना २० दिन कैद आ १ हजार जरिवाना के आदेश देहले रहल रहे ।
दु जने लुकाछिपा के रहल बखत मे माघ १२ गते पकड के कैद भुक्तान के खातिर कारागार कार्यालय बीरगंज पठावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा जनकारी करावले बानी ।






