देशभर के सार्वजनिक जमिन फिर्ता लियावे के तइयारी :-मन्त्री अर्याल

पोखरा, १ फागुन,
भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरीबी निवारणमन्त्री पद्माकुमारी अर्याल सरकार से बालुवाटर मात्र ना होके देशभर के सार्वजनिक जमिन फिर्ता लियावे के तइयारी कर रहल बतवले बानी । उ २६४ बिगहा सरकारी जमिन कानूनीरूप मे फिर्ता कईल जानकारी देहनी ।
सहकारी विभागद्वारा आजु इहाँ आयोजना कईल स्थानीय तह के पदाधिकारी बीच सहकारी नियमन तथा प्रवद्र्धन विषयक गोष्ठी के उद्घाटन करत मन्त्री अर्याल १३ बिगहा फिर्ता के अन्तिम तइयारी मे रहल आ ४६७ बिगहा जमिन फिर्ता करेवाला किसिम से प्रस्ताव करके प्रक्रिया अगाडि बढल बतवनी ।
उ बालुवाटार के जमिन सरकारी भईल आ सरकारी हि बनाके छोडेके प्रतिबद्धता व्यक्त कइनी । सार्वजनिक जमिन संरक्षण के अभियान चला रहला पर केहु भी पडला पर ना छोडेके प्रतिबद्धता के साथ सरकार अगाडि बढ रहल बतावत उ सुशासन के खातिर सरकार दृढसङ्कल्प के साथ लागल बतवनी । मन्त्रालय देशभर के सरकारी तथा सार्वजनिक जमिन के प्रोफाइल तइयार करे लागल बतावत मन्त्री अर्याल ओइसन जमिन के संरक्षण मे स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि के ध्यानाकर्षण करवनी ।
समाजवाद के लक्ष्य प्राप्ति के खातिर सहकारी के महत्वपूर्ण भूमिका रहल उल्लेख करत उ सहकारी कृषि के व्यावसायिक आ आधुनिकीकरण ओरी उन्मुख रहल बतवनी । कृषि सहकारी मार्पmत उत्पादन करके ओकर प्रवद्र्धन करेके बात मौलिक पक्ष भईल उल्लेख करत मन्त्री अर्याल उत्पादित सामान के बजारीकरण के खातिर देश के तीनु सरकार प्रतिबद्ध होके लागेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
संविधान से राज्य के तीनखम्बे अर्थनीति मे सहकारी के समावेश कईला के बाद एकर कार्यान्वयन के खातिर ध्यान देवेके जरुरत रहल बतावत मन्त्री अर्याल राष्ट्रिय पूँजी के विकास ना करके समाजवाद मे पुगे सकेके बतवनी । सहकारी मे समावेशिता, निम्न आय भईल आदमी आ युवालोग के सहभागिता के खोजी करेके बात मे जोड देत उ उत्पादन मे लागल सहकारी के सरकार विशेष सहुलियत देवेके तइयारी कर रहल जानकारी देहनी ।
वार्षिक १७ हजार आदमी के रोजगारी सिर्जना करेवाला किसिम से सहकारी के अगाडि बढावे के योजना मन्त्रालय से लेहल उनकर कहनाम रहे । गण्डकी प्रदेश के मुख्यसचिव हरिप्रसाद बस्याल ‘समृद्ध नेपाल, सुखी नेपाली’ सरकार के सङ्कल्प के पूरा करे खातिर सहकारी क्षेत्र कृषि क्षेत्र के प्राथमिकता मे राख के अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।
कृषि उत्पादन सँगे पर्यटन प्रवद्र्धन मे जोड देवेके बतावत उ ओकरा खातिर स्थानीय सरकार के भूमिका महत्वपूर्ण होखेके विश्वास व्यक्त कइनी । सहकारी विभाग के निर्देशक डा टोकराज पाण्डे के अध्यक्षता मे भईल उ दु दिने गोष्ठी मे प्रदेश के स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि, सहकारी सँगे सम्बन्धित पदाधिकारी, सञ्चारकर्मी लगायत के सहभागिता रहल बा ।






