जुत्ता चप्पल व्यापार मेला के २ दिन बढल

वीरगंज ०२ फागुन,

वीरगंज के घण्टाघर लगे चल रहल जुत्ता चप्पल व्यापार मेला के समय आउर २ दिन बढावल गईल आयोजक जनवले बा ।
बितल माघ ६ गते से जारी मेला फागुन ८ गते तक मात्र चलेवाला भईला पर भी अभी मेला मे लोकप्रियता बढत गईल आ ग्राहकलोग के भी उत्साहपुर्ण सहभागीता बढत गईला के चलते दु दिन बढा के फागुन ११ गते तक चलेके आयोजक नेपाली जुताघर प्रालि के अध्यक्ष होमनाथ उपाध्याय बतवनी ।

करीब २ लाख ग्राहक तथा उपभोक्तालोग के मेला अवलोकन करावे के लक्ष्य लेहल गईल मेला मे नेपाली संगे खास करके भारतीय ग्राहक के आकर्षण बेसी देखल गईल तथा दिनभर सिमावर्ती भारत के अनेकन शहर से ग्राहकलोग मेला मे अवलोकन करे आ रहल अध्यक्ष उपाध्याय बतवनी ।

मेला मे प्रति दिन ५ लाख से बेसी के कारोबार हो रहल तथा अभी तक ८० हजार से बेसी नेपाली तथा भारतीय भ्रमण अवलोकन कईल मेला आयोजक के अध्यक्ष होमनाथ उपाध्याय बतवनी । स्वदेशी ब्रान्ड के जुत्ता चप्पल सस्ता दाम मे बिक्री करेके लक्ष्य से मेला मे १५ से ५० प्रतिशत तक छुट के व्यवस्था कईल आयोजक जनवले बा ।

उपभोक्तालोग के सस्ता दाम मे जुत्ता चप्पल बिक्री करके स्वदेशी उद्योग के प्रवद्र्धन तथा संरक्षण करेके उदेश्य से संचालन कईल मेला मे शिखर, रन, बिएफ डियर हिल, सुज ल्यान्ड, कोसेली, क्रस रोल, हिल करके ७ स्वदेशी कम्पनी के उत्पादन बिक्री मे राखल गईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।