राष्ट्रिय सभा सदस्य पासवान के वीरगंज मे भव्य सम्मान

वीरगंज ०३ फागुन,
नेपाल पासवान संघ पर्सा राष्ट्रिय सभा सदस्य मे जितल राधेश्याम पासवान के आजु एगो भव्य समारोह के बिच सम्मान कईल गईल बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे आयोजना कईल समारोह मे प्रदेश नं. २ से जितल राष्ट्रिय सभा सदस्य पासवान के दोसल्ला ओढा के सम्मान कईल गईल बा ।
सम्मानित होत राष्ट्रिय सभा सदस्य पासवान दलित अधिकार के सवाल के सुक्ष्म तरिका से अनुसन्धान करके सदन मे उठावे के आ समाधान बिन्दुसब भी खोजत जाएके प्रतिबद्धता जनवनी ।
उहे समारोह मे पासवान जात से अधिकृत होके सुथौली भन्सार कार्यालय प्रमुख के रुप मे कार्यरत्त तिर्थराज पासवान के भी सम्मान कईल गईल बा ।
संघ के अध्यक्ष प्रभु पासवान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे अधिवक्ता प्रेम शंकर हजारी, मुक्ति समाज बारा के नेता राजदेव पासवान, प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य बृजलाल पासवान, दलि संघ पर्सा के सचिव धिरज पासवान, कृषि सहकारी संघ के प्रबन्धक बिजय पासवान, दलित नेटवर्क के अध्यक्ष रुपनारायण पासवान, स्वजातिय अगुवा रामेश्वर पासवान लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
संघ के सह–सचिव शम्भु पासवान से स्वागत कईल कार्जक्रम के संचालन सचिव रबिभुषण पासवान कईले रहनी ।





