जनता समाजवादी पार्टीद्वारा आयोग मे दल दर्ता के निवेदन

काठमाण्डु ११ वैशाख
नवगठित जनता समाजवादी पार्टी पार्टी एकीकरण के सहमतिपत्र निर्वाचन आयोग मे दर्ता करवले बा । एकीकृत पार्टी के नेतालोग से आजु निर्वाचन आयोग पुग के दल दर्ता के प्रक्रिया अगाडि बढवले बाडन ।
एकरा सँगे जनता सामाजवादी के दल दर्ता के प्रक्रिया शुरु भईल बा । आयोग मे जनता समाजवादी पार्टी के सहमतिपत्र के दर्ता नं १३८८ रहल बा ।
उ आयोग मे पार्टी एकीकरण के सहमतिपत्र दर्ता के बाद अभी सङ्घीय संसद् सचिवालय मे दर्ता के खातिर पुगल उ पार्टी के नेता केशव झा जानकारी देहनी । दल दर्ता के खातिर दुनु पार्टी के अलग अलग केन्द्रीय समिति के बईठक से निर्णय करके फेनु दुनु पार्टी के संयुक्त बईठक से निर्णय करी ।
एकीकृत पार्टी के विधान, घोषणापत्र, नियमावली आ नयाँ पार्टी के संरचना सहित आयोग के बुझईला के बाद मात्र पार्टी दर्ता प्रक्रिया अगाडि बढेके नेता झा बतवनी ।
समाजवादी पार्टी नेपाल आ राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) नेपालबीच बुध के दिने रात पार्टी एकीकरण भईल घोषणा कईले रहलन ।
जनता समाजवादी पार्टी के नेतालोग उपेन्द्र यादव, शरत्सिंह भण्डारी, राजेन्द्र महतो, राजेन्द्र श्रेष्ठ, केशव झा लगायत नेतालोग आजु निर्वाचन आयोग पुगल रहनी ।
नवगठित पार्टी के नेता राजेन्द्र महतो लकडाउन के बाद पार्टी एकीकरण के बाँकी प्रक्रिया पूरा करके एकता टुङ्ग्यावे के जानकारी देहनी ।
दोसर नेता राजेन्द्र श्रेष्ठ सरकार से असान्दर्भिक अवस्था मे अध्यादेश लिअईला से खुदसब भी पार्टी एकीकरण के काम के अन्तिम रूप देहल बतवनी ।
नेता डा शिवजी यादव करिब डेढ बरीस से चल रहल एकता प्रक्रिया से अन्तिम रूप लेहल कहत पार्टी पदाधिकारी आ केन्द्रीय समिति के आवेवाला बईठक से नयाँ रणनीति के साथ अगाडि बढेके बतवनी ।




