मेला के नाम मे तस्करी बढल, पुलीस प्रशासन मौन

जीराभवानी ०३ फागुन,
आवेवाला फागुन ९ गते शिवरात्री के दिन से लागेवाला एक हप्ते जिराभवानी मेला के नाम मे खुलेयाम तस्करी हो रहल समाचार बा ।
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ आ २ के दोसाद मे लागेवाला जिराभवानी मेला शिवरात्रि के दिन से एक हप्ता मेला लागेला । इहे मेला के नाम मे व्यापारीलोग पर्सा के जानकी टोला, पाण्डेपुर, महादेवपटि नाका से कपडा, बरतन, कस्मेटिक समान आ फलफूल, चिनी जइसन समानसब ट्रेक्टर ट्रक मे बिना भन्सार स्थानीय पुलीस के मिलीभगत मे भन्सार छली करके लिया रहल स्थानियबासी बतवले बाडन ।
जउना के चलेत लाखो रोपेया के राजस्व भी चुहावट हो रहल स्थानीय बतवले बाडन माकिर पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक दुर्गा पन्त अबैध रुप मे भन्सार छली करके मेला के नाम मे समानसब लियावे के ना मिली कहके खुद तत्काल उ क्षेत्र के चौकी ईन्चार्जलोग के बारेमे अनुसन्धान करके दोषी देखल गईला पर कारवाही करेके बतवले बानी ।






