मछरी पकडेके समय पोखरा मे डुब के एक के मृत्यु

मेघराज राय

जिराभवानी २६ फागुन

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.१ अकवनिया मे श्याम खडका से खोनल मछरी पोखरा मे एक १६ बरीस के किशोरी पोखरा मे मुअल अवस्था मे आजु दिनके २ बजे मिलल बाडि ।

सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. १ औराहाँ टोल के सुरेन्द्र महतो थारु को बेटी अर्चना कुमारी थारु के मृत्यु भईल बा । उ पोखरा जंगल से सटल मछरी पोखरा मे मिलल किशोरी के लास शंकास्पद रहल स्थानीय बतवले बाडन । पुलीस के मुताविक पोखरा मे मछरी पकडे गईल आ उनकर गोड बिछिल के पोखरा मे डुब के मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा । स्थानीय पुलीस के मुताविक लास पोस्टमार्टम के बाद खुलेके आ बाँकी अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

एहितरे रंगपुर प्रहरी चौकी बितल रात पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका वार्ड नं. २ चाफि टोल से पुलीस दु पोका गाँजा करिब २५ किलो पकडल गईल बा आ गजा छोडके तस्कर भरिया फरार भईल पकडल गईल गाँजा ईप्रका पटेर्वा सुगौली मे राखल ईलाका प्रहरी कार्यलय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।