धोबिनी गा.पा. के हरिहरपुर मे निःशुल्क आँख

पोखरिया ०३ फागुन,

पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका के वार्ड नं ३ हरिहरपुर मे आजु निःशुल्क आँखा स्वास्थ्य शिविर पुरा भईल बा ।
धोबिनी गाँवपालिका के आर्थिक सहजोग आ केडिया आँखा अस्पताल परवानिपुर के प्राबिधिक सहजोग आ सामुदायिक तालिम केन्द्र के आयोजना मे भईल निःशुल्क आँख चेकजाँच शिविर मे २ सय १२ जने आँखा चेकजाँच करवले बाडन ।

जउना मेसे ६५ जने मे मोतिया बिन्दु मिलल आयोजक संस्था जनवले बा । शिबिर मे निःशुल्क दवाई भी बाँटल गईल आ मोतिया बिन्दु मिलल लोग के निःशुल्क अप्रेशन भी करेके पारस कुर्मी बतवले बानी ।
वार्ड नं ३ के अध्यक्ष राजकिसोर पटेल के अध्यक्षता मे भईल शिविर मे नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सदस्य धर्मेन्द्र पटेल, देबेन्द्र राउत कुर्मी, बिद्यालय के प्रअ सुरेन्द्र पाण्डे, संस्था के अध्यक्ष आमोद केवट लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

निशुल्क आँखा शिबिर मे केडिया आँखा अस्पताल के डाक्टर गजेन्द्र प्रसाद देव, लालबाबु पटेल, बिजय साह, राजेश अधिकारी लगायत के टोली चेकजाँच कईले रहे । कार्जक्रम के सहजिकरण नरेन्द्र साह कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।