दूधौरा नदी उपर बनेवाला पुल के शिलान्यास

बारा २३ माघ

१० करोड १५ लाख रोपेया के लागत मे बारा के दूधौरा नदी उपर बनेवाला पुल के शिलान्यास कईल बा । परवानीपुर गाँवपालिका– १ रहरियाडिह आ प्रसौनी गाँवपालिका– ५ के जोडेवाला पुल के शिलान्यास कईल बा ।

शुक के दिने प्रदेश नं २ के भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल पुल के शिलान्यास कईले रहलन । ८२ मिटर लम्हर आ ११ मिटर चौडा पुल निर्माण के जिम्मा रायमाझी अबलिक आजाद कम्पनी लेहले बा । २० महिना भितर पुल बनावेके ठेक्का सम्झौता मे उल्लेख रहल रमेश सर्राफ जानकारी देहनी । ई पुल बनला के बाद परवानीपुर गाँवपालिका के सदरमुकाम कलैया से सिधा सम्पर्क कायम होखी ।

पुल बनला के बाद जिल्ला के पश्चिमी भेग मे पडेवाला परिवानीपुर गाँवपालिका, प्रसौनी गाँवपालिका के खुटवा, बुनियाद, रहरियाडिह, कट्टी टोल के सिधे सदरमुकाम से जोडेके मन्त्री सोनल बतवनी । ‘परवानीपुर आ प्रसौनी गाँवपलिका के बासिन्दा के घुम के सदरमुकाम जाएके बाध्यता बा । पुल बनला के बाद प्रष्टोका बेलहिया होत सिधै सरदमुकाम कलैया जा सकत बाडन,’ कहत उ, ‘ओतना मात्र ना कृषि उत्पादन के बजार लेजाएके आ बजार से मलखाद्य गाँव मे लियावे मे भी सहज होखी ।’

पश्चिमी क्षेत्र के जनता के माग मुताविक हि दूधौरा नदी मे पुल बनावे लागल उनकर कहनाम बा । प्रदेश सरकार बेलहिया गाँव मे पडेवाला संसारीमाई पुल भी ठेक्का लगावत बा ।

पालिका के केन्द्र जोडेवाला सडक, पालिका पालिका जोडेवाला सडक, सभी पालिका के आ पालिका के केन्द्र के जिल्ला सदरमुकाम से जोडेवाला सडक, जिल्ला सदरमुकाम से हाईवे जोडेवाला सडक निर्माण करेके प्रदेश सरकार के योजना बा । सडक सँगे सडक मे पडेवाला पुल पुलेसासब भी बनावेके मन्त्री सोनल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।