प्रथम पर्सा गोल्डकप :- आजु के खेल मे बीरगंज युथ क्लव जितल

वीरगंज ०४ फागुन,
पर्सा के बढनिहार मे जारी प्रथम पर्सा गोल्डकप मे आजु भईल खेल मे बीरगंज युथ क्लव जितल बा । पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब के आयोजना मे जारी खेल मे थारु थारुवान ११ रौतहट के १ गोल से हरावत वीरगंज युथ क्लव पहिलका चरण मे प्रबेश कईले बा ।
बहुते रोमाञ्चक देखल गईल खेल के दुसरका हाफ के ४ वाँ मिनेट मे वीरगंज के खेलाडी जर्सी नं. ६ के म्याक्स से कईल गोल हि निर्णायक बनल ।
खेल के म्यान अफ दी म्याच रौतहट के सन्देश चौधरी घोषित भइनी । उनका के पर्सागढी नगरपालिका के मेयर लोकनारायण यादव आ समाजसेवी लक्षमण श्रेष्ठ संयुक्त रुप मे एक हजार एक सय रोपेया नगद आ ट्रफी पुरस्कार प्रदान कइनी । प्रतियोगिता के तिसरका खेल मे बिहान एफ सी सिमरा आ नेपाल खेलकुद क्लव चपुर बीच प्रतिस्पर्धा होखी ।
प्रतियोगिता मे प्रथम होखेवाला टिम नगद एक लाख सहित प्रमाण पत्र तथा दुसरका होखेवाला टिम के नगद ५० हजार सहित प्रमाण पत्र मिलेके पर्सागढी युवा स्पोर्टस के अध्यक्ष याम बहादुर थापा जानकारी देहनी ।






