आँखा अस्पताल के केन्द्र बारा मे सेवा विस्तार कईलख

बारा ०२ फागुन,

लम्हर समय से काठमाण्डु के त्रिपुरेश्वर से सेवा प्रदान कर रहल नेपाल आँखा अस्पताल बारा मे पहिलका सेवा केन्द्र विस्तार कईले बा ।

जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–४ स्थित औराह मे अस्पताल आजु से ईलाज केन्द्र स्थापना करके सेवा सुरु कईले बा । सेवा केन्द्र के उदघाटन करत प्रदेशसभा सदस्य विश्वकर्मा आँगन मे स्थापना भईल अस्पताल से आँख के ईलाज सेवा के सुलभ बनावे मे महत्वपूर्ण सहजोग होखेके बतवनी । ईलाज केन्द्र सुरु कईल अस्पताल सिमरा मे आधुनिक अस्पताल आ रिसर्च सेन्टर बनावे के लक्ष्य लेहले बा । अस्पताल निर्माण करे खातिर जरुरी पडेवाला जमिन स्थानीय समाजसेवी कासिम मिँया देहले बानी ।

जमिन प्राप्ति सँगे काठमाण्डु केन्द्रित सेवा जिल्ला मे विस्तार करे लागल अस्पताल के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत दमन घले बतवनी । केन्द्र से भी सभी किसिम के ईलाज करे सकेके बतवनी । तत्काल घर भाडा मे लेके केन्द्र सेवा सुरु कईले बा ।

नेपाल आखा अस्पताल के भवन बनावे खातिर मिँया तीन करोड मूल्य बराबर के पाँच कट्ठा जमिन निःशुल्क देहले बानी । “बारा मे आँखा अस्पताल के जरुरत महसुस कर रहल बानी, सेवा सुरु करेके सोंच भी रहे,” कहत कार्यकारी अधिकृत घले, “स्थानीय दाता (मिँया) जमिन उपलब्ध करवला के बाद हमनी तत्काल सेवा सुरु करेके आ बाद मे अस्पताल निर्माण करेके लक्ष्य रखले बानी ।”

मिँया से उलपब्ध करावल जमिन मे करिब १५ करोड के लागत मे सुविधा सम्पन्न अस्पताल निर्माण करेके घले के कहनाम बा । आपन बाबु छिनारी मिँया आ स्वर्गीय माई फतमा खातुन के नाम मे आँखा अस्पताल के जमिन उपलब्ध करावल मिँया बतवनी ।

आँख के समस्या भईल बाबु के ईलाज करावे खातिर अनेकन जगहा मे जाएके पडल दुःख सुनावत मिँया, “इहे अस्पताल रहित त हमरा बाबु के खातिर एतना दुःख ना सहेके पडित । दोसर केहु के ओइसन दुःख ना मिलो कहके जमिन देहले बानी” कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।