शिक्षक के माँग करत विद्यार्थी आन्दोलित, कालिकामाई गाँवपालिका मे दिनभर तनाव, पकडाईल विद्यार्थीलोग छुटलें

वीरगंज ०५ फागुन,

पर्सा के कालिकामाईमा गाँवपालिका मे आन्दोलित १६ जने विद्यार्थीलोग तोडफोड कईल आरोप मे पुलीस हिरासत मे लेहले बा । वार्ड नं. २ भडिहारी स्थित श्री सुकई साह माध्यमिक विद्यालय के आन्दोलित विद्यार्थीलोग मेसे १६ जने के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया नियन्त्रण मे लेहले बा ।

किलास ७ के असिन खान, रवि कुशवाहा, राज खान, किलास ८ के रितेश शर्मा, विकास चौरसिया, विकेश चौरसिया, इरसाद खान, निरन्जन कुमार, मुनिलाल कुमार, नागिन्द्र कुमार, विकास चौरसिया, राधेश्याम कुमार आ किलास ९ के श्रवण कुमार पटेल, विकेश कुशवाहा, सरुलम आलम, प्रिन्स चौरसिया के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

विद्यालय मे शिक्षक कमी भईला के चलते पढाई प्रभावित भईला के बाद विद्यार्थीलोग आन्दोलित भईल बाडन । आन्दोलित विद्यार्थीलोग विद्यालय आ वार्ड नं. २ के कार्यालय मे आजु सबेरे ११ बजे तालाबन्दी कईले रहलन । बाद मे वार्ड कार्यालय के ताला फोरके खोलला के बाद विद्यार्थीलोग गाँव कार्यपालिका के कार्यालय हरिहरपुर विर्ता पुगल रहलन ।

हरिहरपुर पुगल विद्यार्थीलोग गाँवपालिका कार्यपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी करेके खोजला पर विद्यार्थी आ गाँवपालिका के कर्मचारी, जनप्रतिनिधि आ कुछ स्थानिय विच झडप भईल रहे । विद्यार्थीलोग गाँवपालिका कार्यालय मे तालाबन्दी करे खोजला पर रोकेके प्रयास कईला पर समान्य झडप आ तनाव भईल प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।

उहे समय मे केहु एक जने पथल चलईला के बाद गाँवपालिका कार्यालय के एगो मोनिटर फुटला के बाद उहे गाँवपालिका के जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग कुछ विद्यार्थीलोग उपर हाथपात कईला के साथे नियन्त्रण मे लेहले रहलन । बाद मे पुलीस उ विद्यार्थीलोग के आपन हिरासत मे लेके इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे लेगईला के बाद सयो संख्या मे रहल आन्दोलित विद्यार्थीलोग भी प्रहरी कार्यालय पोखरिया पुगल रहलन ।

पोखरिया पुगल विद्यार्थीलोग पकडाईल साथीलोग के छोडेके माग करत पुलीस कार्यालय अगाडी प्रदर्शन आ धर्ना देहले रहलन । उलोग के साथे पकडाईल विद्यार्थीलोग के छोडावे खातिर उलोग के गारजियन लोग भी प्रहरी कार्यालय पोखरिया पुगल रहलन । माकिर उ गाँवपालिका के जनप्रतिनिधिलोग पकडाईल विद्यार्थीलोग उपर कारवाही के माग करत जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा पुगल रहलन । वि

के समस्या समाधान कईला के बदले उलटे कारवाही के माग करत जनप्रतिनिधिलोग जिप्रका पर्सा पुगला के बाद विवाद समाधान होखे ना सकल ।

बाद मे सँझिया किरब ६ः३० बजे आन्दोलित विद्यार्थी आ जनप्रतिनिधि विच मंगर के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे विवाद समाधान के बारे मे छलफल करेके सहमती भईला के बाद पकडाईल विद्यार्थीलोग के पुलीस छोडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।