नहर मे डुब के सशस्त्र पुलीस के एक जवान के मृत्यु
जनकपुरधाम १६ असाढ
सिराहा मे नहर मे डुब के सशस्त्र पुलीस के एक जवान के मृत्यु भईल बा ।
आजु सिराहा नगरपालिका–१४ खिरौनास्थित नहर मे डुब के उनकर मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सिराहा जनवले बा ।
मृत्यु होखेवाला मे महोत्तरी के सोनमा गाँवपालिका–३ रहेवाला २३ बरीस के मनोहर कुमार यादव बाडन ।
सिराहास्थित सशस्त्र पुलीस पोष्ट माडर मे कार्यरत उ कईसे नहर मे पुगलें कहके बात खुले ना सकल पुलीस के कहनाम बा ।
घट्ना सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान हो रहल सिराहा के प्रहरी प्रबक्ता बिनोद घिमिरे जानकारी देहनी ।






