बारा मे पाँच स्थानिय तह मे दादुरा रूवेला खोप अभियान चल रहल

वीरगंज ०५ फागुन,

स्वस्थ्य कार्यालय बारा कलैया से दादुरा रूवेला खोप आ पोलियो खोप तीन चरण कर के १६ औ स्थानिय तह मे सञ्चालन कईल जाई खोप अधिकृत रामपुकार साह जानकारी करावले बानी ।

पहिलका चरण मे कोल्हवी नगरपालीका, आदर्शकोतवाल गाँवपालीका, सिम्रौनगढ नगरपालीका, पचरौता नगरपालीका आ सवर्ण गाँवपालीका मे फागुन २ गते से सुरू कर के १० गते तक मे पूरा करे के साह जानकारी देहनी । पहिले के गाँव विकास समिति के वार्ड सब मे खोप केन्द्र राख के खोप लगावल जारहल अधिकृत साह जानकारी करावले बानी । खो

लगावेला ७५ जने स्वस्थ्यकर्मी आ ९० जने स्वयम्सेवक कर के एक सय ६५ जने के जनशक्ति लगावल गईल बा ।
पहिलका चरण मे पाच स्थानिय तह मे ९ महिना से ५ बरीस के भितर के लईकालईकी के ३१ हजार चार सय ७५ जने के खोप आ पोलियो थोपा जन्मते से लेके पाँच बरीस के भितर के ३६ हजार चार सय ४६ जने लईकालईकी के खोप लगावे के लक्षय रहल अधिकृत साह जानकारी करावले बानी ।

जिल्ला भर मे दादुरा रूवेला एक लाख ११ हजार तीन सय ४७ जने आ पोलियो थोपा एक लाख ३० हजार २२ जने लईकालईकी के लगावे के लक्ष्य रहल जानकारी करवले बानी । खोप चलत समय मे तीन बेर अनुगमन कर के छुटल लईकालईकी सब के स्वास्थ्य चौकी मे बोला के खोप लगावे के जानकारी करावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।