व्यवसायीक पत्रकारीता करेवाला के कवनो समस्या बा त शान्ति सुरक्षा के व्यवस्था करेम : प्रजिअ धिमिरे

व्यवसायीक पत्रकारीता करेवाला के कवनो समस्या बा त शान्ति सुरक्षा के व्यवस्था करेम : प्रजिअ धिमिरे

प्रभु यादव

बारा ०९ माघ

बारा के कलैया मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी शशीधर धिमिरे पत्रकारलोग से भेटघाट कईले रहलन । भेटघाट मे प्रजिअ धिमिरे व्यवसायीक पत्रकारीता करेवाला के कवनो समस्या बा त शान्ति सुरक्षा के व्यवस्था करेम बतवले बानी ।

बारा के भारतीय नाका मे होरहल चोरी निकास के नियन्त्रण करेला प्रहरी आ विचौलीया के बिच के समस्या समाज मिल के हटावे के बतावले बानी । जिल्ला प्रशासन मे रहल व्यथिती के खातिर कुछ दिन मे समस्या हल करे मे लागल बानी प्रमुख जिल्ला अधिकार धिमिरे बतावले बानी । नेपाल मे बारा मे औधोगीक तिसरका स्थान रहल बा जवना के शान्ति सुरक्षा के व्यवस्था कईल प्रशासन के कर्तव्य भईल जनकारी करावले बानी ।

मिटर व्याजी समाजिक अपराध हवे पिडित के समस्या बुझ के क्षलफल करा के कईल जाई बतावले बाडन । व्याजी देवानी मुद्दा रहल बा आयोग हटा के प्रहरी से अनुसन्धान करे छलफल करा के समस्या समाधान करे के ना भईला पर अगाडि के प्रक्रिया बढावे के प्रहरी के बतवले बानी, आपन अनुगमन मात्र रहल प्रजिअ धिमिरे बतावले बानी । जातिय विभेद कानुनी मे रहल बा जवना के समाज मिलकर के हटावे के बतावले बानी ।

भेटघाट कार्जक्रम मे जिल्ला प्रहरी कार्यलय से बारा मे पाँच करोड रकम राजश्व उठल रहे अबकी बार १४ करोड बुझावल गईल प्र.ना.उपरिक्षक दधिराम न्यौपानी बतावले बानी । भेटघाट मे नाका मे अधिक चोर होरहल जवना के नियन्त्रण करे खातिर हमनीसब लागल जनकारी करवले रहनी । कार्जक्रम मे संचारकर्मी, कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।