प्रथम पर्सा गोल्डकप :-आजु के खेल मे नेपाल खेलकुद क्लव चपुर जितल

वीरगंज ०५ फागुन,
पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब के आयोजना मे पर्सा के बढनिहार मे जारी प्रथम पर्सा गोल्डकप मे आजु भईल खेल मे नेपाल खेलकुद क्लव चपुर बिजयी भईल बा ।
एफ सी सिमरा युनाइटेड बिरुद्ध के आजु के खेल मे खाली पोष्ट मे गोल करके चपुर बिजयी बनल बा । खेल के सुरुवाती १९ वाँ मिनेट मे चपुर के रोशन पहारी गोल करके चपुर के अग्रता दिलवले रहनी । खेल के ५२ वाँ मिनेट मे सिमरा के निकेश थापा गोल करत खेल के बराबरी मे पुगवनी । खेल के ६९ वाँ मिनेट मे सिमरा के सुनिल राउत के लाल कार्ड मिलला के बाद रेफ्री के निर्णय मे असहमति जनावत सिमरा खेल बहिष्कार कईलख ।
सिमरा खेल बहिष्कार कईला के बाद चपुर खाली पोष्ट मे गोल करके आजु के खेल के बिजयी बनल । खेल के म्यान अफ द म्याच रौतहट के चपुर के रोशन पहरी भइनी । उनका के पर्सागढी नगरपालिकाका वार्ड नं. ३ के वार्ड अध्यक्ष उद्धव बहादुर उप्रेती ट्रफी प्रदान कइनी ।
प्रतियोगिता के चउथका खेल बिहान निजगढ एफ सि बारा आ आयोजक पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लबबीच प्रतिस्पर्धा होखी । प्रतियोगिता मे प्रथम होखेवाला टिम के नगद एक लाख सहित प्रमाण पत्र तथा दुसरका होखेवाला टिम के नगद ५० हजार सहित प्रमाण पत्र मिलेके पर्सागढी युवा स्पोर्टस के अध्यक्ष याम बहादुर थापा जानकारी देहनी ।






