कुछ जगहा मे बहुते वर्षात के सम्भावना

काठमाण्डु १९ असाढ,
मनसुन सक्रिय भईला से आवेवाला तीन दिन देशभर बदली सहित वर्षात होखेवाला बा । मौसम पूर्वानुमान महाशाखा मनसुन सक्रिय भईला सँगे कुछ दिन वर्षात के सम्भावना रहला से बाढ पहिरो से बँचे खातिर जरुरी सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईले बा । मौसमविद् गङ्गा नगरकोटी के मुताविक आवेवाला तीन दिन देश भर हि वर्षात के सम्भावना रहल बा । महाशाखा आवेवाला २४ घण्टा देश के सभी प्रदेश मे बदली होके मेघगर्जन टाडका सहित वर्षात के सम्भावना रहला के साथे प्रदेश १, ५, वाग्मती, गण्डकी आ सुदूरपश्चिम प्रदेश के कुछ जगहा मे भारी वर्षात के सम्भावना रहल बतवले बा ।
तसर्थ उ क्षेत्र के नदी मे पानी के बहाव बढेके, भूक्षय होखेके, पहिरो जाएके, सडक तथा हवाइ यातायात प्रभावित होखेके तथा ढल÷पानी के बढिया निकास ना भईल जगहा मे डुबान भी होखे सकेवाला भईला से सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईल बा । “शुक के दुपहरिया के बाद देश के बहुते जईसन जगहा मे मनसुनी बादल विकसित होके हल्का से मध्यम वर्षात होखी”, मौसमविद् नगरकोटी कहनी । अभी देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके सुदूरपश्चिम, प्रदेश ५, वाग्मती आ कर्णाली प्रदेश के कुछ जगहा मे हलका से मध्यम वर्षात हो रहल बा । मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम २१ दशमलव शून्य डिग्री आ अधिकतम तापक्रम ३१ दशमलव शून्य डिग्री सेल्सियस रहल बा ।






