आईसियु वार्ड मे पुग के युवा नेता गुप्ता कइलें सहजोग

वीरगंज ०५ फागुन,

घुर मे आगी तापेके समय मे जर के गम्भीर घायल भईल जनानी के नेपाली कांग्रेस के युवा नेता मनिकान्त गुप्ता सहजोग कईले बानी । पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. ५ भिस्वा के रहनीहार ५० बरीस के सायरा खातुन के स्थानिय नेता गुप्ता रु ५ हजार नगद सहजोग कईले बानी । नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल घायल सायरा के अस्पताल के आईसियु वार्ड मे आजु पुग के गुप्ता सायर के मरद रजाक मियाँ नगद हस्तान्तरण कइनी ।

पहिले से हि बेमार रहल उ एतवार के दिने सबेरे घुर ताप के उठेके समय मे आगी लागल रहे । आर्थिक अवस्था कमजोर रहला के चलते मियाँ परिवार आगी से जरला के बाद भी सायरा के ईलाज के खातिर स्वास्थ्य संस्था ना लेगईल रहलन ।

स्थानीय ताराचन्द पण्डित के पहल मे छिपहरमाई गाँवपालिका के एम्बुलेन्स से उनका के नारायणी अस्पताल वीरगंज मे लियावल गईल रहे ।
पईसा ना भईला के चलते अस्पताल मे ईलाज के खातिर समस्या भईल रहे । नारायणी मे अभ्यास के खातिर गईल हिमाल इस्टिच्युट अफ हेल्थ साइन्स मे एचए अध्ययनरत विद्यार्थीलोग नास्ता के पईसा बँचा के सहजोग कईले रहलन ।

आर्थिक समस्या के चलते दवाई किने ना सकल जानकारी मिलला के बाद पईसा बँचा के ५ सय रोपेया सहजोग कईल उलोग बतावेलन ।
पण्डित के मुताविक मियाँ परिवार गरिब भईला के चलते ईलाज मे अभी भी समस्या रहल बा । रजाक मियाँ भी मेहरारु सायरा के ईलाज के खातिर सहजोग करे खातिर निहोरा कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।