वीरगंज महानगर सुरू कईलख नारायणी अस्पताल के सरसफाइ

वीरगंज ०१ सावन

वीरगंज महानगरपालिका नारायणी अस्पताल के सरसफाइ कईल सुरु कईले बा ।

नारायणी अस्पताल मे खास करके मधेश प्रदेश अन्तर्गत पर्सा, बारा, रौतहट लगायत के जिल्ला के मरेजी ईलाज करावे आवेलन ।

मरेजी के बहुते भिड होखेवाला ई अस्पताल सरसफाइ के कमी मे सेवाग्राही दुर्गन्ध से सास्ती सहेमे बाध्य रहलन । इहे अवस्था के मध्यनजर करके वीरगंज महानगर सफाइकर्मी खटाके अस्पताल के सरसफाइ सुरु कईले बा ।

फुहर करेवाला के कारबाही के दायरा मे लियाके वीरगंज के हि सफा बनावत अगाडि बढल महानगर के मेयर राजेशमान सिंह अस्पताल के भी सफा राखेके अभियान सुरु कईले बाडन ।

बितल शुक के दिने महानगर आ अस्पताल प्रशासनबीच सम्झौता भईला सँगे महानगर सोमारसे सरसफाइ के काम सुरु कईले बा ।

सरसफाइ के पहिलका दिन महानगर के मेयर सिंह खुदे अस्पताल पुगके सफाइ कईले रहलन । पहिलका चरण मे अभी अस्पताल बढिया बनावेवाला किसिम से सरसफाइ के काम अगाडि बढावल बतावत उ अस्पताल परिसर सफा स्वच्छ राखे खातिर सभी सेवाग्राही के निहोरा भी कईले बाडन । सफाइ आ व्यवस्थित पार्किङ मे अटेर करेवाला के जरिवाना भी करेके मेयर सिंह बतवनी ।

अस्पताल के आईसीयू सञ्चालन के खातिर महानगर एकरा से पहिले हि जरुरी बजेट के व्यवस्थापन कईल बतावत उ प्रसूती गृह के व्यवस्थित बनावेके योजना रहल बतवनी । मेयर सिंह अस्पताल निरीक्षण के समय मे जीर्ण रहल संरचना महानगर पुनः निर्माण करेके बतवनी ।

अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. चित्तरञ्जन साह वीरगंज महानगरपालिका अस्पताल के सरसफाइ मे औपचारिक रुप मे सहजोग कईला मे मेयर सिंह के धन्यवाद देत अब सरसफाइ मे लापरबाही करेवाला जे केहु से भी सम्झौता ना करेके बतवनी । अस्पताल के गुणस्तरीय सेवा मे आवेवाला दिन भी साथ आ सहजोग मिलेके आपेक्षा खुद लेहल मेसु साह बतवनी ।

अस्पताल सफाइ के खातिर महानगर एक जने नाइके के नेतृत्व मे ९ जने सरसफाइकर्मी परिचालन कईल महानगर के सरसफाइ व्यवस्थापन शाखा के प्रमुख सर्फुदिन मियाँ जानकारी देहनी ।

महानगर अस्पताल के बाहरी क्षेत्र के सम्पूर्ण सरसफाइ सुरु कईले बा । बाहर क्षेत्र अन्तर्गत सिपटी, बरण्डा, सिढी, अस्पताल परिसर तथा प्रशासनिक भवन सफाइ सुरु कईले बा । अस्पताल के शल्यक्रिया कक्ष आ वार्ड भितर के सरसफाइ तथा फुहर व्यवस्थापन के जिम्मा अभी के अस्पताल खुदे करेके पडि ।

सरसफाइ करे खातिर महानगरपालिका अस्पताल से कउनो शुल्क ना लि आ सरसफाइ के खातिर महानगरपालिका से खटेवाला सरसफाइकर्मी आ नारायणी अस्पताल मे कार्यरत सभी सरसफाइकर्मी के अनुगमन, नियन्त्रण आ हाजिरी प्रमाणित वीरगंज महानगरपालिका से करेवाला किसिम से सम्झौता कईल बा । अस्पताल सफाइ के खातिर कर्मचारी खटाके काम सुरु कईल महानगर अब से अस्पताल परिसरभितर जथाभावी फुहर ना बिगे खातिर भी सभी के सचेत करवले बा । जथाभावी फुहर बिगला पर दण्ड जरिबाना तथा कारबाही करेवाला किसिम से काम सुरु कईल सरसफाइ प्रमुख मियाँ जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।