प्रदेश २ मे बितल बरीस से रुकल भुक्तानी जलदी होखी

जनकपुरधाम ५ फागुन,

प्रदेश २ मे बितल बरीस पुरा होके भुक्तानी रुकल योजना के पइसा जलदी भुक्तानी भईल बा । प्रदेश के आर्थिक मामिला तथा योजनामन्त्री विजयकुमार यादव बितल बरीस पुरा कईल काम के भुक्तानी जलदी करेके आश्वासन देहले बानी ।

मन्त्री यादव सोमार के दिने सँझिया मन्त्रालय मे पत्रकार सम्मेलन करत उपभोक्ता समिति बितल बरीस के भुक्तानी जलदी मिलेके बतवनी ।
बितल बरीस पुरा भईल कैयन योजना के भुक्तानी ना भईला से सांसदलोग प्रदेशसभा अवरुद्ध करत आईल बाडन आ उपभोक्ता समिति के पदाधिकारी सरकार विरुद्ध प्रदर्शन कर रहल बाडन ।

आपन मन्त्रालय से भुक्तानी सुनिश्चितता के पत्र सभी मन्त्रालय के पठावल गईल मन्त्री यादव जानकारी देहनी । माकिर आर्थिक बरीस के बाँकी भुक्तानी के खातिर अनेकन मन्त्रालयसब माग कईल आउर बजेट सम्बन्ध मे अर्थ मन्त्रालय से सुनिश्चितता के पत्र पठावल आ जरुरी प्रक्रिया पूरा करके सम्बन्धित मन्त्रालय से पत्र पठावते मातर पईसा निकासा करेके बतवनी ।

प्रदेश के सर्वोच्च निकाय प्रदेशसभा निर्देशनात्मक आदेश कईल आ मन्त्रिपरिषद के बईठक से भी भुक्तानी देवेके निर्णय कईला से भुक्तानी देवेमे कउनो कानूनी अड्चन ना रहल मन्त्री यादव बतवनी ।

बितल बरीस पुरा भईल कहल योजना के भुक्तानी के खातिर भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्रालय ३२ करोड ८८ लाख ७४ हजार २५४, सामाजिक विकास मन्त्रालय २७ करोड ७३ लाख २० हजार ४११, उद्योग पर्यटन वन तथा वातावरण मन्त्रालय १५ करोड ७ लाख ७५ हजार ७१३ आ भूमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय १ करोड ५८ लाख ९९ हजार ७१५ रोपेया आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्रालय से थप रकम माग कईल उ बतवनी ।

मन्त्री यादव मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद के कार्यालय अभी तक आउर बजेट रकम निकासा माग ना कईल जानकारी करवनी ।
एहितरे मन्त्री यादव पईसा भुक्तानी करे खातिर बितल अगहन १९ गते हि मन्त्रालय सँगे राय, प्रतिक्रिया आ विवरण माग कईला पर भी अभी तक कउनो मन्त्रालय ना देहल बतवनी । उ मन्त्रालयसब से माग कईल राय, प्रतिक्रिया आ विवरण ना पठईला पर भी समस्या भईल भी पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी करवनी ।

एहितरे, बितल माघ १५ के पत्र से प्रदेश सार्वजनिक खरिद नियामावली के मस्यौदा भुक्तानी सम्बन्धी विशेष व्यवस्था प्रस्ताव करके सभी मन्त्रालय, सचिवालय तथा निकायसब के राय प्रक्रिया माग कईला पर भी अभी तक प्राप्त ना भईल उनकर कहनाम बा ।

अनेकन प्रक्रिया पूरा करे ना सकला के चलते बितल आर्थिक बरीस के उपभोक्ता के भुक्तानी रोकल बतावत मन्त्री यादव आपन मन्त्रालय के चलते भुक्तानी ना रुकल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।