महोत्तरी मे अवैध रूप मे लियावल गईल कपडा पकडाईल

महोत्तरी मे अवैध रूप मे लियावल गईल कपडा पकडाईल

महोत्तरी ०१ माघ

महोत्तरी मे अवैध रूप मे लियावल गईल कपडा बरामद कईल बा । सोमार के सबेरे गौशाला नगरपालिका–२ निगौल से ३ गो टेम्पु आ २ गो मोटरसाइकल मे लोड करके गौशाला बजार ओरी लियारहल अवस्था मे ११ लाख २८ हजार ३ सय मूल्य बराबर के अनेकन किसिम के कपडासब बरामद कईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी के मुताविक पुलीस के गस्ती टोली प्र २– ०२–००१ ह १७२३ नम्बर के टेम्पो, स १ ह ५२८० नम्बर के टेम्पो, प्र ०४–००१ ह ०१५२ नम्बर के टेम्पो तथा बी आर ०० एटी ०४४१ नम्बर के मोटरसाइकल आ बी आर एजेड ०६७९ नम्बर के मोटरसाइकल मार्फत तस्करलोग उ कपडासब पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पुलीस के मुताविक ३ गो टेम्पु के अन्दाजी मुल्य ९ लाख आ २ गो मोटरसाइकल के अन्दाजी मूल्य १ लाख) करके २१ लाख २८ हजार ३ सय रोपेया बराबर के सामान नियन्त्रण मे लेहल गईल बा । अवैध रूप मे कपडा लियावल आरोप मे पुलीस ६ जने के पकडले बा ।

गौशाला नगरपालिका–२ के ३० बरीस के अताबुल राईन, २८ बरीस के अस्लम बैठा धोवी, ३५ बरीस के बिपिन कुमार चौधरी, तथा सम्सी गाँवपालिका–६ के २१ बरीस के श्याम साह, उहे पालिका के वार्ड नम्बर ७ के २२ बरीस के विलौछन यादव, सोनमा गाँवपालिका–१ के २६ बरीस के संजय कमार साह पकडाईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।