महाशिवरात्री के अवसर मे सिद्धेश्वरनाथ मन्दिर मे विशेष सरसफाई

बारा ०७ फागुन,

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वडा नम्वर ३ मे रहल सिद्धेश्वरनाथ मन्दिर मे बुध के दिने सरसफाई कईल गईल बा ।

महाशिवरात्री के अवसर मे वडाध्यक्ष जलाउदिन मंसुर के अगुवाई मे मन्दिर के आङ्गन, पोखरा के घाट आ नजदीक के परती जगह के सरसफाई कईल गईल बा ।

हरेक शिवरात्री मे बहुते भिडभाड से मेला लागेला ओकरा पहिलेहि सरसफाई कर के जगह के व्यवस्थापन कईल गईल वडाध्यक्ष मसुर बतबनी ।

जिल्ला के हजारी कफला के कँवरथुवालोग भारत के बकसर घाट से जल भर के सहजनाथबाबा महादेव मन्दीर मे तेरस के जल रिसाल कईला वाद सिद्धेश्वरनाथ मन्दिर मे चढावेला आवेला जवना के विशेष महत्व रहल बतवले बाडन ।

भारत के बहुते धार्मिक जगह से करिव एक महिना यात्रा कर के आएल कँवरथुवालोग पुजापाठ कर के एक रात बास बईठेलन ओकर उचित व्यवस्था कईल जा रहल जानकारी देहनी ।

विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष रामअश्रे साह कानु आ समुदायिक प्रहरी के शेख अदालत, प्रधानाध्यापक छविरमण सुवेदी, भदै राम, नेकपा के युवा नेता विजय साह कानु, समसुल मंसुर, हस्मोदिन मंसुर लगायत के सरसफाई कार्जक्रम मे स्थानिय बुद्धिजिवी, शिक्षक, पढनीयार लईकालईकी सब के सक्रिय सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।