पर्सा मे आउर १८ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण

वीरगंज १२ सावन,

पर्सा मे आउर १८ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

अस्पताल के कर्मचारी, स्वस्थ्यकर्मी, कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल, क्वारेन्टाइन मे रहल आ स्वचेच्छा से पईसा तिर के पीसीआर जाँच करावल करके १८ जने मे एतवार के रात संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के मेसु डा. मदन कुमार उपाध्याय जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका के बढ्निहार स्थित क्वारेन्टाइन मे खटल ५ स्वास्थ्यकर्मी आ उहाँ रहल १ सर्वसाधरण करके ६ जने मे भी एतवार के रात संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमण मिलल ५ स्वास्थ्यकर्मी मेसे २ जने जनानी स्वास्थ्यकर्मी बाडन ।

एहितरे वीरगंज के गण्डक अस्पताल के ३४ बरीस के कर्मचारी, नारायणी अस्पताल के सर्जिकल वार्ड मे कार्यरत ४३ बरीस के कर्मचारी आ एपोलो अस्पताल मे कार्यरत ३४ बरीस के पुरुष मे भी एतवार के रात कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंज ६ माईस्थान के ९ बरीस के लईका, ४० बरीस के जनानी आ १२ बरीस के लइकी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उलोग तीनु जने सावन ८ गते कोबीड अस्पताल मे मृत्यु भईल ७० बरीस के बुढ के कन्टयाक्ट ट्रेसिङ मे पडललोग बाडन ।

एहितरे आपन ईच्छा से पईसा तिर के परीक्षण करावल वीरगंज–१४ के ३० बरीस के पुरुष, वीरगंज–१४ बहुअरी गण्डक के ३२ बरीस के पुरुष, वीरगंज–११ श्रीपुर के ४५ बरीस के पुरुष, वीरगंज–२ छपकैया के २५ बरीस के पुरुष, वीरगंज–६ रेशमकोठी के ३२ बरीस के पुरुष आ सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका–२ श्रीपुर पचगावा के ४० बरीस के पुरुष के भी पीसीआर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।
एतवार के रात १८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या २५९ पुगल जिल्ला स्वासथ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।