आर्थिक समृद्धि ओरी प्रदेश सरकार प्रतिबद्ध’ :- मुख्यमन्त्री पौडेल

हेटौँडा, ७ फागुन,
वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल शान्ति सुरक्षा के प्रत्याभूति आ आर्थिक समृद्धि के खातिर योजना कार्यान्वयन ओरी प्रदेश सरकार प्रतिबद्ध रहल बा बतवले बानी ।
प्रजातन्त्र दिवस के उपलक्ष्य मे वाग्मती प्रदेश सरकारद्वारा आजु हेटौँडा मे आयोजना कईल समारोह मे उ सरकार जनता उपर उत्तरदायी बहन करत राष्ट्रिय गौरव के आयोजना लगायत जनहित के अनेकन कार्जक्रमसब कार्यान्वयन मे लियावल बतवनी । मुख्यमन्त्री एकोहोरो सरकार के आलोचना करेवाला मात्र बानी के छोड के रचनात्मक सोच भी राखेके बिचार रखनी ।
उ राजनीतिक दल के नेतृत्व से आपन आपन दल के स्वार्थ से उपर उठके संविधान, प्रजातन्त्र के सुदृढीकरण आ राष्ट्रियता के संरक्षण के खातिर एके ढिका होके चलेके अवस्था आईल उल्लेख कइनी । मुख्यमन्त्री पौडेल प्रदेश सरकार अभी सुशासन के सम्बद्र्धन करत जनता के मौलिक हक के संरक्षण तथा दिगो शान्ति सुरक्षा के प्रबन्ध मिलावे खातिर उच्च प्राथमिकता देहल बतवनी ।
उ अवसर मे वाग्मती प्रदेश के सभामुख सानुकुमार श्रेष्ठ प्रदेश सरकार आपन क्षेत्र मे सुशासन लियावे के आ दिगो शान्ति सुरक्षा तथा विकास के पूर्वाधार के कार्यान्वयन ओरी जोड देवेके विश्वास व्यक्त कइनी । उ सरकार के सिफारिस मुताविक प्रदेशसभा से अनेकन ४८ गो विधेयक पारित कईल आ उ विधेयक से सरकार आपन कार्यसम्पादन मे गतिशीलता लिआईल बा कहनी ।
जिल्ला समन्वय समिति के प्रमुख रघुनाथ खुलाल प्रदेश सरकार स्थानीय निकाय के समन्वय करके जनता के हित के निमित्त सहज तरिका से उलोग के सेवा सुविधा उपलब्ध करावेके कओरी अग्रसर करईला पर प्रजातन्त्र के सुदृढीकरण मे सफलता प्राप्त होखेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
प्रजातन्त्र दिवस के अवसर मे हेटौँडास्थित बुद्धचोक से मुख्यमन्त्री पौडेल, वाग्मती प्रदेशसभा के सभामुख सानुकुमार श्रेष्ठ, मन्त्रीगण, प्रदेशसभा के सदस्य, अनेकन कार्यालय प्रमुख आ सुरक्षा के उच्च अधिकृत सम्मिलित जुलुस बजार के परिक्रमा करके वाग्मती प्रदेश सरकार के परिसर मे पुग के कार्जक्रम मे परिणत भईल रहे ।






