फतुवा विजयपुर नगरपालिका के दुधिअवा मे खुनदान कार्जक्रम

बारा ०७ फागुन,
खुनदान जीवनदान कहके नारा के साथ प्रजातन्त्र दिवस के अवसर पर श्री माध्यमिक बिध्यालय दुधिअवा आ दुधिअवा क्याम्पस दुधिअवा के आयोजना मे खुनदान कार्जक्रम पुरा भइल बा ।
दुधिअवा स्कुल के प्रांङ्गन मे भईल कार्जक्रम मे बिद्यालय के शिक्षक, ंद्द तथा द्य भम तर्फके पढनियार लईकालईकी साथे अउर बहुते लोग खुनदान कईले बा । कार्जक्रम मे करैयामाई नगरपालिका के राधेश्याम चौधरी २३ बेर खुनदान कईले बानी ।
कार्जक्रम मे १७ जने खुनदान कईले बाडन । उ कार्जक्रम मे अजय तिमल्सिना, सहदेव खरेल, बिक्रम भान्जा, मन्जय चौधरी, मनोज राम, फडिन्द्र लामिछाने आ हिमाली युवा समुह आर्थिक सहयोग कईले रहलन ।
नेपाल रेडक्रस कार्यालय के अध्यक्ष रामआधार राय यादव के नेतृत्वमे आईल प्राविधिक टोलि सहकर्मी रन्जन खरेल बतावले बानी ।





