प्रादेशिक रंगशाला जनकपुर मे बनावेके निर्णय से वीरगंज मे असन्तुष्टि जनावल स्वाभाविक :- मन्त्री विश्वकर्मा

वीरगंज ०८ फागुन,

वीरगंज स्थित नारायणी रंगशाला के पुनर्निर्माण के खातिर केन्द्र सरकार ७ करोड रोपेया बजेट निकासा कईले बा ।

५ करोड रोपेया से रंगशाला के दक्षिण ओरी के प्याराफिट भसका के नयाँ बनावेके आ २ करोड रोपेया से बहुउद्देश्यीय कभर्ड हल बनावे के तय भईल बा । कभर्डहल के आजु खेलकुद मन्त्री जगतबहादुर विश्वकर्मा शिलान्यास कईले बानी ।

उ काठमाण्डु के बाद दुसरका बडका नारायणी रंगशाला के ओझेल मे परे ना देवेके प्रतिवद्धता जनवनी ।

“प्रदेश २ मे कहाँ प्रादेशिक रंगशाला बनावे के निर्णय प्रदेश सरकार से हि करेके रहे, जनकपुर मे बनावे के बात भईल, वीरगंज से असन्तुष्टी जनावल स्वाभाविक ह” कहत उ “माकिर जनकपुर के जेतना हि ५ करोड रोपेया नारायणी के भी विनियोजन कईल गईल बा । आउर २ करोड कभर्ड हल के खातिर छुट्यावल गईल बा ।”

प्रदेश सरकार जनकपुर मे प्रादेशिक रंगशाला बनावे के निर्णय कईला के बाद वीरगंज मे ओकर विरोध मे प्रदर्शन भी भईल रहे । कभर्ड हल बनावे खातिर १ करोड १३ लाख ९१ हजार ४ सय ४६ रोपेया कादम्बरी कन्स्ट्रक्सन जिम्मा लेहले बा ।

माकिर बितल अगहन १३ गते सम्झौता कईल कम्पनी तीन महिना देरी करके काम सुरु कईले बा । काम पुरा करेके मिति ०७७ जेठ १८ गते तोकल गईल बा ।
भलिबल, ब्याडमिन्टन, टेबल टेनिस, कराँते, तेक्वान्डो, जुडो, बक्सिङ लगायत के सभी “इन्डोर” खेल खेले सकेवाला किसिम से कभर्ड हल बनी ।

रंगशाला के दक्षिण–पश्चिम कुना मे बहुउद्देश्यीय कभर्ड हल निर्माण करे लागल बा । मध्यमाञ्चल खेलकुद विकास समिति कार्यालय प्रमुख ज्याउल इस्लाम प्याराफिट निर्माण के खातिर बोलपत्र आह्वान होके सम्झौता होखेके प्रक्रिया मे रहल बतवनी ।

रंगशाला के दक्षिण ओरी के प्याराफिट भसका के पहिलका चरण मे ७९.७१ मिटर लम्बाइ के ९ गो स्टेप (बईठेवाला जगहा) भईल प्याराफिट बनावल जाई । दक्षिण आ उत्तर भाग के प्याराफिट अभी सात स्टेप के बा । रंगशाला मे भीआईपी प्याराफिट सहित कुल ४ गो प्याराफिट बा ।

करिब १५ हजार दर्शक क्षमता के रंगशाला २०३८ साल मे बनल रहे । संरक्षण आ मर्मत संभार के अभाव मे ई प्याराफिट जीर्ण अवस्था मे बा । जीर्ण भईला के चलते रंगशाला के उत्तर आ दक्षिण प्याराफिट मे राष्ट्रिय खेलकुल परिषद दर्शक के बईठेमे रोक लगवले बा ।

नेपाल क्रिकेट संघ के पूर्व केन्द्रीय सदस्य कृष्ण कन्हैया कायस्थ के मुताविक प्रदेश २ मे नारायणी रंगशाला के पूर्वाधार आ जमिन आउर जिल्ला मे नइखे । माकिर, खेलकुद पूर्वाधार के समय मे संरक्षण आ मर्मतसम्भार ना भईला से खेलकुद मे वीरगंज पछाडि पडत गईल बा ।

“हम बेर बेर के नापी मे सहभागी भईल बा, नारायणी रंगशाला १८ विघा मे रहल रहे” कहत उ “अभी कम होके १५ विघा मे पुगल बा ।”

नारायणी रंगशाला मे बृहत् राष्ट्रिय खेलकुद प्रतियोगिता, तेजबहादुर, महेन्द्र आ लक्ष्मण थापा जईसन गोल्डकप आ एएफसी यू–१६ छनोट प्रतियोगिता आयोजना होत रहे । नेपाल आ भारत के सुपर डिभिजन के टिम सहभागी रहलन ।माकिर कुछ बरीस एने ई प्रतियोगिता भईल छोडले बा ।

२०७४ से विशाल फाउन्डेसन रंगशाला मे विशाल गोल्डकप आयोजना करे लागल बा । गोल्डकप के तिसरका संस्करण के खातिर आयोजक तइयारी मे लागल बाडन । जीर्ण बनल नारायणी रंगशाला पुनर्निर्माण के खातिर राष्ट्रिय खेलकुद परिषद् २५ लाख रोपेया खर्च करके रंगशाला के डीपीआर (विस्तृत अध्ययन प्रतिवेदन) तइयार कईले बा । डीपीआर मुताविक रंगशाला पुनर्निर्माण के खातिर २ अरब ६४ करोड रोपेया जरुरी पडि ।

बियफे के दिने आयोजना कईल शिलान्यास कार्जक्रम मे बोलेवाला वक्तालोग भी नारायणी रंगशाला के संरक्षण मे जोड देहले बाडन । नेकपा के नेता रामचन्द्र साह विगडे से पहिले हि सचेत होखे खातिर निहोरा कइनी । नेपाली काँग्रेस के पर्सा सभापति अजय द्विवेदी रंगशाला मे चारु ओरी आवे जाएवाला सडक बनावेके बतवनी । समाजवादी पार्टी के पर्सा सचिव तवरेज अहमद मधेसी उपर चरम विभेद के नमुना नारायणी रंगशाला भईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।