वीरगंज नाका से एक दिन मे ११८ ग्यास बुलेट आईल

वीरगंज ०१ चईत,

कोरोना के डर से नेपाली बजार मे खाना बनावेवाला ग्यास के कमी रहल समय वीरगंज नाका होत शुक के दिने १ सय १८ बुलेट अर्थात २१ लाख २४ हजार किलोग्राम ग्याँस भारत से नेपाल आईल बा ।

जउना मेसे काठमाण्डु उपत्याका के खातिर ५१ बुलेट आ आउर जगहा के खातिर ६७ बुलेट पठावल नेपाल आयल निगम जनवले बा ।

बितल बियफे के दिने भी भारत से वीरगंज नाका होत ९२ बुलेट अर्थात १६ लाख ५६ हजार केजी ग्याँस आईल रहे । जउना मेसे ४० बुलेट काठमाण्डु उपत्यका के खातिर आ बाँकी ५२ बुलेट ग्यास दोसर जगहा के खातिर पठावल गईल आयल निगम जनवले बा ।

कारोना के डर फईलला के बाद बितल माघ आ फागुन मे भारत से वीरगंज नाका होत ३ करोड ८५ लाख ५८ हजार केजी ग्याँस नेपाल आईल वीरगंज भन्सार कार्यालय के सुचना अधिकारी विमल साह बतवनी ।

चिन के बुहान से कोरोना के संक्रमण फईलला के बाद भारत से जरुरी उपभोग्य वस्तु के निर्यात मे कडाइ कईल हल्ला चलला के बाद नेपाली बजार मे कृत्रीम अभाव सृजना कईले बाडन ।

कोरोना के सन्त्रास के चलते भारत से ग्याँस आयात मे कउनो असर ना पडल बरु पहिले से अभी बेसी ग्याँस आयात भइल वीरगंज भन्सार कार्यालय के सुचना अधिकारी साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।