मोटरसाइकल के सिट के निचे गाँजा मिलल

वीरगंज ०९ फागुन,

पर्सा जिल्ला के बिन्दवासिनी गाउँपालिका अन्र्तगत अमरपट्टी से पुलीस अवैध लागूऔषध गाँजा सहित एक जने के पडले बा । बहुदरमाई नगरपालिका–५ भौराटार रहेवाला २६ बरीस के मन्सी महतो साढे ५ किलो गाँजा सहित पकडाईल बाडन ।

पुलीस चौकी अमरपट्टी से खटल पुलीस टोली चेकजाँच करेके समय मे उनका के विन्दवासीनी गाँवपालिका–४ अमरपट्टी से पकडल जनावल गईल बा । ना.३ प ९६३ नम्बर के मोटरसाइकल के सिट कभर भितर गाँजा राख के भारत ओरी लेजाए लागल अवस्था मे उ पकडाईल प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी ।

“ओरिजिनल सिट हटा के उ गाँजा के सिट बनवले रहलन । नर्मल सिट जइसन बना के बाहर सिट कभर लगईले रहलन,” कहत प्रहरी निरीक्षक सिंह, “चेकजााच के समय मे त गाँजा मिलल ।” महतो के जरुरी कारबाही के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे राखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।