वीरगंज मे ई–रिक्सासब व्यवस्थित ना भईला से ट्राफिक जाम के समस्या, सम्बन्धित निकाय गैर जिम्मेवार

वीरगंज १६ पुस

वीरगंज मे सञ्चालित ई–रिक्सासब के व्यवस्थापन होखे ना सकला पर वीरगंजबासी के ट्राफिक जाम तथा मनमौजी भाडा असुली के समस्या भोडेके पडल बा । जथाभावी ई–रिक्सा पार्किङ्ग, रोड मे रोकके यात्रु चढावेके, उतारेके काम कईला से वीरगंज महानगर अस्तव्यस्त बनल बा ।

साथे, जथाभावी भाडा असुली कईला पर उपभोक्ता समस्या मे पडल बाडन । ई–रिक्सा सञ्चालन के खातिर कउनो किसिम के मापदण्ड भी बने ना सकला से युवा से बुढ तथा छोटा छोटा लईकालइकीसब भी ई–रिक्सा चला रहल बाडन ।

जेकर परिणाम वीरगंज बजार मे हरेक दिन ट्राफिक जाम के समस्या हो रहल बा । कम उमिर के युवालोग भी लाइसेन्स विना ई–रिक्सा चला रहला से सवारी जाम के समस्या से दुर्घटना के समस्या हरेक दिन बढत जा रहल बा ।

वीरगंज के घण्टाघर से माइस्थान, आदर्शनगर होत अलखियामठ तक पातर सडक, ओमे भी ई–रिक्सासब के भिड भईला से उ क्षेत्र मे सबेरे १० बजे से सँझिया ७ बजे तक ट्राफिक जाम के समस्या हो रहल बा ।

वीरगंज महानगर के ई–रिक्सा अस्तव्यस्त बनावल चौतर्फी रुप मे दबाब आवे लागला के बाद बितल दु बरीस पहिले लाइसेन्स विना के ई–रिक्सा चलावेवाला के कारवाही के प्रक्रिया अगाडि बढवले रहे । माकिर, उ काम कार्यान्वय होखे ना सकला पर अभी फेनु वीरगंज मे ई–रिक्सासब के विगविगी बढल बा ।

नेपाल सरकार देश मे प्रदूषणमुक्त बनावे खातिर ई–रिक्सा लिआईल रहे माकिर जथाभावी रुप मे वीरगंज मे क्षमता से बेसी ई–रिक्सासब सञ्चालन मे अईला के बाद अभी महानगर के कोना कोना मे भी ट्राफिक जाम के समस्या बढल बा ।

वितल समय मे वीरगंज मे ई–रिक्सा लियावे के अवस्था मे वी.म.न.पा. आ यातायात व्यवस्था कार्यालय एवं जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय से महानगर मे ३ सय आ थप १ सय ५० करके ४ सय ५० ई–रिक्सा चलावेके सहमति भईल रहे ।

माकिर धिरे धिरे मादपण्ड ना भईल मौका मे अभी वीरगंज महानगर मे ४ हजार से ५ हजार तक के हाराहारी मे ई–रिक्सासब सञ्चालन मे बा । वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय मे ३ सय ३९ गो ई–रिक्सासब मात्र दर्ता भईल बा आ ९० प्रतिशत से बेसी ई–रिक्सासब मापदण्ड विपरीत सञ्चालन मे आईल बा ।

यातायात व्यवस्था कार्यालय ई–रिक्सा चालक के लाइसेन्स लेवे खातिर वितल समय मे २ बेर फारम खोलला पर भी चालकसब अटेरी करके लाइसेन्स के फारम भी भरले नइखन । यातायात कार्यालय से अभी तक १ सय से १५० जने मात्र लाइसेन्स लेहले बाडन ।

वितल लम्हर समय से ई–रिक्सा के मापदण्ड भितर लियावे खातिर महानगरपालिका प्रयास कईला पर भी ओकरा के कार्यान्वयन करे नईखे सकल । महानगरपालिका वीरगंज मे सञ्चालित ई–रिक्सासब के मापदण्ड भितर लियावे खातिर १० गो रुट निर्धारण कईल बा, माकिर केहु भी रुट के पालना नइखन कईले ।

दोसर ओरी दररेट कायम करे खातिर ई–रिक्सा सञ्चालक समिति के पदाधिकारीलोग सँगे दररेट माग कईला मे अभी तक केहु भी लियाके ना देहल महानगरपालिका के कहनाम बा । रुट कायम भईला पर भी कार्यान्वयन होखे ना सकल आ दररेट कायम होखे ना सकला के चलते ई–रिक्सा चालकलोग उपभोक्ता से मनमौजी रुप मे भाडा असुल रहल बाडन ।

वीरगंज बजार मे मात्र आवतजावत करे खातिर उपभोक्ता से केहु १० रोपेया त केहु २०, ३० रोपेया तक लेरहल बाडन । महानगरपालिका के ई–रिक्सा व्यवस्थापन के खातिर मापदण्ड बनावे खातिर कउनो भी गृहकार्य हि करे सकल नइखे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।