बाबु के हत्या आरोप मे बेटा पकडईलें

रौतहट ११ फागुन,

आपन बाबु के हत्या कईल आरोप मे पुलीस एक जने युवक के पकडले बा । बितल २८ माघ मे रौतहट के दुर्गा भगवती गाँवपालिका ३ पर्सा टोल के ७० बरीस के फेकन पण्डित कुम्हार सुत रहल अवस्था मे हत्या भईल रहे ।

मालजाल बान्हेवाला घारी सँगे रहल छाप्रो मे सुतल फेकन के चेहरा, मुडि आ छाती मे हथौडी से मारल आ चोख हथियार से चेहरा आ घेंट काटल अवस्था मे लास मिलल रहे ।

पुलीस हत्या आरोप मे फेकन के २५ बरीस के बेटा राजकुमार पण्डित के पकडल बा । उ हत्या आरोप स्वीकरले बाडन ।

आपन मेहरारु सँगे आपत्तिजनक अवस्था मे देखला के बाद खिंस सहे ना सकला के बाद बाबु के हत्या कईल अभियुक्त से स्विकार कईल रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक रविराज खड्का बतवनी ।

रात के ३ बजे बाबु के हत्या कईला के बाद राजकुमार फेनु घर आके कपडा बदल के घारी मे गईल रहलन । उ सबेरे ५ बजे बाबु के हत्या भईल कहत गाँव के लोग आ पुलीस के खबर कईले रहलन ।

पकडाईल पण्डित के मुलुकी अपराध संहिता २०७४ के ज्यान सम्बन्धी कसुर अन्र्तगत के मुद्दा मे अनुसन्धान करे खातिर जिल्ला अदालत से अनुमति लेहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।