तीन गो मोटरसाइकल मे आगजनी

वीरगंज १२ फागुन,
पर्सा जिल्ला के परवानीपुर मे नेपाली कांग्रेस के एक नेता के घर मे पार्किङ करके राखल ३ गो मोटरसाइकल मे अपरिचित समूह आगजनी कईले बा ।
पर्सा के वीरगंज महमनगरपालिका २१ परवानीपुर के किशोरी ठाकुर के घर के बरण्डा मे राखल ३ गो मोटरसाइकल मे एतवार के रात आगजनी कईले बाडन ।
आगजनी से ना १० प ८५५४, ना ३२ प १८२८ आ प्रदेश २–०– ३००५ प ७८६३ नम्बर के ३ गो मोटरसाइकल पूर्णरुप मे जरके नोक्सान भईल बा । आगजनी से ठाकुर के घर के देवाल मे भी नोक्सानी पुगल बा । एतवार के रात १२ बजे के समय मे आईल अपरिचित आदमीसब घर के बरण्डा मे पेट्रोल छिट के मोटरसाइकल मे आगी लगा के भागल घरधनी ठाकुर के भतिजा अभिषेक ठाकुर बतवनी ।
परवानीपुर से पटेलनगर जाएवाला रास्ता चौडा बनावे के काम ठाकुर के अगुवाइ मे हो रहल आ सडक विस्तार के समय मे कुछ दिन पहिले स्थानीय कुछ आदमी से विवाद भईला से ओकर खिंस मे आगजनी कईल हो सकेके आशंका अभिषेक कइनी ।
आगजनी कईल आशंका मे पुलीस सोमार के दिने ठाकुर के पडोसी राजाराम यादव के नियन्त्रण मे लेहले बा । सोमारके दिने घटनास्थल मे पुगल पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त पुछपाछ के खातिर एक जने के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कर रहल बतवनी ।






