साउन ३२ तक मकवानपुर प्रवेश मे रोक

काठमाण्डु २३ सावन
जिल्ला प्रशासन कार्यालय मकवानपुर कोरोना संक्रमण के जोखिम बढल कहत सावन ३२ गते तक जिल्ला प्रवेश मे रोक लगावे के निर्णय कईले बा ।
प्रशासन कार्यालय मे शुक के दिने बईठल कोभिड–१९ संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से मकवानपुर जिल्ला भितर सञ्चालित उद्योग, कलकारखाना तथा व्यवसाय मे आवद्ध श्रमिक तथा कामदार आउर जिल्ला से लियावे मे पूर्णरुप मे रोक लगावे के निर्णय कईले बा ।
‘सरकारी तथा निजी कार्यालय एवं संघसंस्था मे कार्यरत रहल कर्मचारीलोग के दैनिक रुप मे ई जिल्ला से आउर जिल्ला मे आ आउर जिल्ला से ई जिल्ला मे होखेवाला आवागमन के सावन ३२ गते तक रोक लगावल जाई,’ प्रशासन से जारी कईल सूचना मे कहल बा ।
बन्दाबन्दी अन्त्य भईला के बाद हेटौंडा बजार क्षेत्र मे आदमीसब के भिडभाड बढला से बजार क्षेत्र मे स्वास्थ्य तथा सुरक्ष के न्यूनत्तम मापदण्डसब पूरा भईल ना भईल सम्बन्ध मे प्रभावकारी अनुगमन करेके आ न्यूनत्तम मादण्डसब पालना ना करेवाला के तत्काल कारबाही के दायरा मे लियावे के निर्णय भी बईठक से कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल जानकारी देहनी ।






