धोबिनी मे तीन दिने क्षमता बिकास कार्यशाला सुरु

पोखरिया १२ फागुन,
राष्ट्रिय प्राराम्भिक कक्षा पढाई कार्जक्रम अन्तर्गत स्थानिय तह के जनप्रतिनिधि तथा शिक्षासम्बद्व पदाधिकारीलोग के खातिर तीन दिने क्षमता बिकास कार्यशाला आजु से सुरु भईल बा ।
पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं ४ मे रहल भानु सामुदायिक पुस्तकालय के सभा हल मे सुरु भईल तालिम के उदघाटन गाँवपालिका के प्रमुख प्रसासकिय अधिकृत भरत चौधरी कईले रहनी ।
कार्यक्रम के सम्बोधन करत अधिकृत चौधरी किलास १ से ३ तक के लईकालइकीस्ब के अनेकन किसिम के खेलौना के माध्यम से सिखावेके पडि कहत खेलौना से लईकालइकी के मस्तिक बिकास होखी आ शिक्षकलोग से सिखावल बातसब बढिया से बुझ सकिहन कहके बतवनी ।
माईबाबुलोग लईकालइकीसब उपर छोट उमिर से हि ध्यान देहला पर शिक्षा के विकास होखेके बतावत बिद्यालयसब मे सुनल समस्या के समाधान करे खातिर खुद तइयार रहल बतवनी ।
युएसआईडी के सहजोग आ गाँवपालिका के आयोजना मे भईल तालिम मे जनप्रतिनिधि, शिक्षक आ ब्यवस्थापन समिति के पदाधिकारी आ सदस्यलोग के सहभागीता रहल रहे ।
तालिम मे बिद्यालयसब मे किलास १ से ३ तक के लईकालइकीसब के पठन पाठन मे सुधार, लईकालइकीसब के नियमित बिद्यालय लियावेके, शिक्षकलोग के समय मे बिद्यालय आवेके सम्बन्ध मे बिद्यालयसब मे किलास कोठा ब्यवस्थापन आ डेक्स ब्रेच ब्यवस्थापन लगायत के विषय मे चर्चा भईल रहे ।
वार्ड अध्यक्ष मजिद मियाँ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष ललन राउत कुर्मी, नन्दलाल पटेल, मनाउर मियाँ, नेपाल शिक्षक संघ धोबिनी गाँवपालिका के अध्यक्ष महम्द जाकिर हुसेन, कार्जक्रम कोडिनेटर नारायण साह रौनियार, नरेश गुप्ता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
धोबिनी गाँवपालिका मे रहल ११ गो सामुदायिक बिद्यालयसब मे ईजिआरपी लागू भईल बा । ४५ जने के सहभागीता रहल तालिम मे प्रशिक्षक बिजय साह, कार्जक्रम जिल्ला संयोजक भरत सहनी आ भरत चौधरी प्रशिक्षण देहले रहनी ।





