प्रदेश नं २ खोप अभियान : खोप लगावे खातिर निहोरा

वीरगंज १४ माघ

पडोसी देश भारत सरकार के अनुदान सहजोग मे मिलल कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप अभियान आजु वीरगंज मे विधिवत् रूप मे शुरु भईल बा । नारायणी अस्पताल वीरगंज के स्वास्थ्यकर्मी हेमा थापा के उ खोप देके उ अभियान के शुभारम्भ कईल बा ।

सङ्घीय सरकार उ खोप अभियान अन्तर्गत नारायणी अस्पताल के पाँच हजार कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप देहले बा । उ खोप से पाँच हजार २०० आदमी के खोप पुगेके लक्ष्य लेहल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिडेण्टेड (मेसु) डा सञ्जय ठाकुर बतवनी ।

ई अभियान अन्तर्गत पहिलका चरण मे स्वास्थ्यकर्मी, सफाइकर्मी, अस्पताल के कर्मचारी, स्वास्थ्य स्वयमसेविका, दुसरका चरण मे सुरक्षाकर्मी आ तिसरका चरण मे लगायत सर्वसाधारण के उ खोप देवेके बतावल गईल बा ।

खोप लेवे खातिर सभी आइएमयु मे नाम दर्ता करावेके प्रावधान रहल बा । अठार बरीस से उपर उमिर के आदमी के उ खोप देहल जाला । गर्भवती जनानी, अबगे जनमल बच्चा के दूध चुसावेवाला जनानी तथा दीर्घरोगी के ई खोप लगावेके ना होखी कहके खोप अधिकृत अनिलकुमार सिंह बतवनी ।

आजु प्रदेश २ मे रहल आठ जिल्ला के ९ जगहा मे खोप अभियान शुरु भईल बा । शुरु मे प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला मे कोभिड–१९ के प्रकोप भयावह रहला से आदमी प्रदेश २ मे आवेमे डरात रहनी माकिर अब उ अवस्था ना रहला से अभी उ सङ्ख्या घट के फाट्टफट्ट रूप मे मात्र देखाई देहल प्रदेश २ स्वास्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक विजयकुमार झा बतवनी । कोरोना से प्रदेश २ मे मृत्यु होखेवाला के सङ्ख्या एक प्रतिशत मात्र रहल स्वास्थ्य निर्देशनालय जनकपुर दाबी कईले बाडन ।

प्रदेश नं २ मे कोभिड–१९ विरुद्ध के ३४ हजार ८०४ गो डोज दवाई देहल बतावल गईल बा । कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप लगईला के बाद के अवस्था के बारे मे जानकारी देत स्वास्थ्यकर्मी हेमा थापा ई खोप लगईला पर देह मे कउनो किसिम के नकारात्मक प्रभाव ना पडला से सभी से खोप लगावे खातिर निहोरा कइनी ।

ई खोप अभियान के उद्घाटन करत प्रदेश–२ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत प्रदेश २ मे कोरोना सङ्क्रमण के अवस्था कम रहल समय सङ्घीय सरकार प्रदेश २ के जनता के खोप देहला के बाद भय आ डर घटके गईला से सभी से खोप लगावे खातिर निहोरा कइनी ।

पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी तथा जिल्ला खोप समन्वय समिति के अध्यक्ष आशमान तामाङग के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव, प्रदेश २ स्वास्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक विजयकुमार झा, वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्यदूत नितेशकुमार, नेपाल पत्रकार महासङ्घ प्रदेश २ के सभापति दीपेन्द्र चौहान, नारायणी अस्पताल के मेसु डा सञ्जय ठाकुर लगायत के वक्तालोग भारत मे १० लाख से बेसी आदमी उ खोप लगावल आ एकर नकारात्मक प्रभाव ना देखल गईला से सभी निर्धक्क होके ई खोप लगावे खातिर सभी से निहोरा कइनी ।

निफिकिर होके खोप लगावे खातिर निहोरा

सप्तरी ः नेपाल मे कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप अभियान आजु से देशभर मे शुरु भईला सँगे सप्तरी मे भी शुरु भईल बा । राजविराज नगरपालिका स्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे प्रदेश नं २ के सामाजिक विकासमन्त्री नवलकिशोर साह ब्यानर पढ के खोप हस्तान्तरण करत अभियान के शुभारम्भ कइनी ।

सप्तरी मे राजविराजस्थित अस्पताल आ रुपनी गाँवपालिका स्थित पूर्व क्षेत्रीय प्रहरी अस्पताल (ठाको देवी–जोगेन्द्र भगत) मे स्वास्थ्यकर्मी, सफाइकर्मी के पहिलका चरण मे खोप लगावे खातिर शुरु कईल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी के निमित्त प्रमुख दुनियालाल यादव जानकारी देहनी ।

खोप अभियान के सप्तरी मे उद्घाटन करत प्रदेश २ के सामाजिक विकासमन्त्री साह निफिकिर होके खोप लगावे खातिर निहोरा कइनी ।

गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा रणजीतकुमार झा खोप लगईला पर केहु के देह दुखाएके, बोखार आवेके, मुडि दुखाएके, असकत लागेके, कमजोरी महसुस होखेके भईला पर भी खतरा ना रहल बतवनी ।

डा झा गर्भवती, सुत्केरी, स्तनपान करा रहल जनानी, गम्भीर बेमार आ १८ बरीस से कम उमिर के आदमी के खोप अभियान मे सहभागी ना करावल बतवनी ।

खोप लगावेवाला के खोप लगावल प्रमाण के रूप मे परिचयपत्र वितरण कईल जाई । परिचयपत्र मे खोप लगावेवाला आदमी के नाम, उमिर, पालिका, वार्ड नं, सम्पर्क नं, पहिलका आ दुसरका बेर खोप लगावल मिति, खोप के नाम, खोप के ब्याच नं तथा खोप लगावेके स्वास्थ्यकर्मी आ सफाइकर्मी के नाम उल्लेख होखी ।

खोप के पहिलका डोज लगावल चार हप्ता के बाद दुसरका बेर लगावेके पडि । दुसरका बेर खोप लगईला पर कार्ड अनिवार्यरूप मे पेश करेके नियम बनावल गईल बा ।

सप्तरी के खातिर आईल ८३३ भायल कोरोना खोप तीन हजार ७५४ जने के खोप लगावे सकेके स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख दुनियालाल यादव जानकारी देहनी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी शङ्करहरि आचार्य, स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख दुनियालाल यादव, प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्रप्रसाद धमला लगायत स्वास्थ्यकर्मी आ सरसफाइकर्मी के उपस्थित रहल बा ।

ई खोप अक्सफोर्ड युनिभर्सिटी आ एस्ट्राजेनिका नामक औषधि उत्पादक संयुक्तरूप मे विकास कईले बाडन । भारतस्थित सेरम इन्स्टिच्युट उत्पादन कईल ई खोप के तिसरका चरण के ट्रायल भी पार भइल स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

स्वास्थ्य सेवा विभाग अन्तर्गत बाल स्वास्थ्य तथा खोप शाखा प्रमुख डा झलक गौतम आजु ६५ से बेसी जिल्ला मे एक साथ खोप लगावे लागल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।