पर्सा मे आगलागी, एक घर आ घारी जरल

वीरगंज १२ फागुन,

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका–५ हरैया मे आगलागी भईल बा । आगलागी से एगो घर आ घारी जरके नोक्सान भईल बा ।

आगलागी से स्थानीय सुरेन्द्र भण्डारी के घर आ अमिना चौधरी के घारी मे नोक्सानी पुगल पर्सा पुलीस जनवले बा । चौधरी के घारी मे मोछड भगावे खातिर बारल घुर से सुनुग के आगी लागल जनावल गईल बा । घारी के जरी रहल भण्डारी के खपडा के घर भी जरके नोक्सान भईल बा ।

आगलागी से अन्नपात, लताकपडा तथा बरतन करके दुनु जने के अन्दाजी ३ लाख के नोक्सानी पुगल अनुमान पुलीस कईले बा । सोमार के सबेरे ४ बजे के समय मे लागल आगी पुलीस आ स्थानीय के सक्रियता मे सबेरे साढे ४ बजे नियन्त्रण मे लेहल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।