लईकालइकी सम्बन्धि कार्यबिधि २०७८ के प्रारम्भिक मस्यौदा उपर छलफल

जनकपुरधाम १५ भादो

धनुषा जिल्ला के जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका मे रहल भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्रालय के सभा हल मे “प्रदेश लईकालइकी सम्बन्धि कार्यबिधि २०७८” प्रारम्भिक मस्यौदा उपर छलफल कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

वल्ड विजन इन्टरनेशनल आ कन्सोर्टियम नेपाल के प्राविधिक सहजोग आ जनानी लईकालइकी युवा तथा खेलकुद मन्त्रालय द्वारा आयोजना कईल कार्जक्रम मे कन्सोर्टियम नेपाल के केन्द्रीय अध्यक्ष किरण थापा आ वर्ल्ड विजन इन्टरनेशनल के प्रतिनिधी श्याम अधिकारी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

महीला बालवालिका युवा तथा खेलकुद मन्त्रालय के सचिव केशव प्रसाद विमाली के अध्यक्षत मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश मे बाल अधिकार सुनश्चित्ता के बनेके समय मे रहल मस्यौदा मे उमिरगत सहभागीता, जिल्ला बाल सन्जाल के संरचना बाल मैत्री स्थानिय शासन घोषणा करे खातिर सूचक के कार्यबिधि मे स्थान देवेके विषय मे अनेकन संघ संस्था के प्रतिनिधिलोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

कार्जक्रम सञ्चालन महीला वालवालिका युवा तथा खेलकुद मन्त्रालय के उप सचिव देबू केसी कईले रहनी । कार्जक्रम मे कन्सोर्टियम नेपाल के कार्जक्रम व्यवस्थापक गौरव केसी, राष्ट्रिय बाल अधिकार परिषद के प्रदेश समन्वय अधिकृत संजिव मिश्रा, सेभ दी चिल्ड्रेन के झमकेश्वर ओझा, युनिसेफका मेघराज मगर, वर्ल्ड विजन इन्टरनेशनल के प्रवीण अधिकारी, संरक्षक नेपाल के प्रभु मंडल, जिल्ला बाल क्लब समन्वय सञ्जाल पर्सा के अध्यक्ष अर्जुन शाह लगायत के लोग भी आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।