ब्रह्माकुमारी राजयोग उपसेवा केन्द्र अलौं द्धारा शान्ति पदयात्रा तथा आध्यात्मिक प्रवचन

वीरगंज १३ फागुन,
महाशिवरात्रि पबनी के अवसर मे ब्रह्माकुमारी राजयोग उपसेवा केन्द्र वीरगंज अलौ मे परमात्म अनुभूति शान्ति पदयात्रा तथा आध्यात्मिक प्रवचन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
ब्रह्माकुमारी रविना दिदी आ स्थानिय समाजसेवी तथा समाजवादी पार्टी के नेता विरेन्द्र प्रसाद यादव के नेतृत्व मे उपसेवा केन्द्र, अलौ से शुभारम्भ भईल शान्ति पदयात्रा अलौ नगर के परिक्रमा करके सिर्सिया टोल स्थित ब्रह्माकुमारी पाठशाला मे पुग के प्रवचन कार्जक्रम मे बदलल रहे ।
उ अवसर मे प्रमुख अतिथि प्रदेश सभा सदस्य रमेश प्रसाद पटेल ब्रह्माकुमारी सेवा केन्द्र आध्यात्मिक ज्ञान आ योग साधना के माध्यम से समाज मे विद्यमान रहल विकृति विसंगतिसब हटावत शान्ति, अमनचयन आ भाईचारा स्थापना मे बहुते बडका योगदान पुगावल बतावत संस्था के ज्ञान के केवल धार्मिक रुप से मात्र ना लेके जीवन मे सकारात्मक परिवर्तन लियावे के प्रेरणा के रुप मे ग्रहण करे खातिर सभी से निहोरा कइनी ।
ब्रह्माकुमारी रविना दिदी के सभाध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे परमात्माशिव ई धर्ति मे आईल ८३ बसन्तपार गर के ८४ वाँ बसन्त मे प्रवेश कईल स्मृति मे शिवध्वजारोहण तथा केक काटके मनावल गईल रहे ।
कार्जक्रम मे अलौ उपसेवा केन्द्र के संचालिका ब्रह्माकुमारी सबिता स्वागत, चित्र प्रदर्शनी ब्रह्माकुमारी रेणु तथा धन्यवाद ज्ञापन ब्रह्माकुमार गोवर्धन कईले रहनी । शिवरात्रि के रहस्य ब्रह्माकुमार गोकुल तथा सहजीकरण ब्र.कु रमा कईले रहनी ।





