किरतनिया पोखरा मे डुब के एक युवक के मृत्यु

मेघराज राय
जीराभवानी २५ भादो
जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं ३ मे रहल एगो पोखरा मे डुब के एक जने युवक के मृत्यु भईल बा ।
वार्ड नं ३ मे रहल किरतनिया पोखरा मे उ युवक के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं ३ नौकाटोला निवासी गौरीशंकर देवान रहल बाडन ।
देवान के मानसिक संतुलन ठिक ना रहल स्थानीयलोग के कहनाम रहल बा । मृतक गौरी शंकर देवान के कपडा पोखरा के आँट मे देखल गईल बा ।
देवान के नाक आ मुह से खुन जमला से मृत्यु शंकास्पद रहल स्थानीय के कहनाम बा ।
आजु दिन के करिब १२ः३० बते बच्चासब पोखरा के आँट पर बकरी चरा रहल समय पानी मे लास छताईल देखला के बाद गाँव मे जानकारी देहल ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढ्वा के प्रहरी नायब निरीक्षक अरुण राय यादव बतवनी ।






