पर्सा के देउरवाना मे टाडका गिरला से एक जनानी के मृत्यु

वीरगंज १३ फागुन,
पर्सा मे टाडक से आजु एक जने जनानी के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.४ देउरवाना मे रहेवाला अन्दाजी ४५ बरीस के नयमा खातुन रहल बानी ।
घर से करिब २ सय मिटर दुर के खेत मे घाँस काटे गईल समय मे टाडका गिरला से उ बेहोस भईल रहली ।
उनका के तत्काल ईलाज के खातिर स्थानीय मेडिकल मे लेजाए के समय रास्ता मे हि मृत्यु भईल इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक दिपक चोरवार बतवनी ।






