दुर्घटना मे घायल सीपी मैनाली के हेलिकप्टर से काठमाण्डु पुगावल गईल

जनकपुरधाम १५ फागुन,

महोत्तरी मे सवारी दुर्घटना मे पर के घायल भईल नेपाल कम्युनिसट पार्टी (माले) के महासचिव सिपी मैनाली सहित पाँचु जने के काठमाण्डु पठावल गईल बा ।

बर्दिबास मे सामान्य ईलाज के बाद मैनालीस हित उनकर बेटा सरोज, पतोह पूजा, पाँच बरीस के नाति आ चालक रामप्रसाद पौडेल के हेलिकप्टर से काठमाण्डु पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बर्दिबास के प्रवक्ता डीएसपी माधव बुढाथोकी जानकारी देहनी । उलोग के ग्राण्डी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

झापा से काठमाण्डु जाएके समय मे मैनाली परिवार सवार बा७च २१२० नम्बर के कार आ उलटा रास्ता से आ रहल ना४च ७६८० नम्बर के गाडी बर्दिवास नगरपालिका–३ कालापानी स्थित बिपी राजमार्ग मे ठोकईला पर दुर्घटना भईल रहे ।

दुर्घटना मे सीपी के मुडि आ देह के आउर भाग मे गम्भीर चोट लागल आ पूजा के गोड टुटल डीएसपी बुढाथोकी जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।