नक्कली लाइसेन्स के कारोबार मे संलग्न मिश्रा पकडईली

जनकपुरधाम १५ फागुन,

नक्कली लाइसेन्स के कारोबार मे संलग्न के आरोप मे धनुषा से १ जने जनानी पकडाईल बाडि ।
जनकपुरधाम उप–महानगरपालिका–९ के रूवि मिश्र के पुलीस नक्कली लाइसेन्स के कारोबार मे संलग्न के आरोप मे पकडाईल बाडी ।

पकडाईल मिश्र आपन बेटा चन्दन के प्रयोग करके आदमी से पइसा लेके नक्कली लाइसेन्स बनावत आईल पुलीस जनवले बा ।

महोत्तरी के गौलाशा नगरपालिका १२ रहेवाला नारायण कहेवाला कृष्णदेव कुसवाहा बितल माघ २९ गते पुलीस चेकिङ्ग मे पर के आपन लाइसेन्स देखईला पर उनकर लाइसेन्स नक्कली भईल मिलल रहे । उ समय मे कुसवाहा खुद से ५ हजार रोपेया लेके चन्दन नक्कली लाइसेन्स देहल पुलीस समक्ष बतवले रहलन ।

कुसवाहा चार जने सँगे मिश्र रु ६० हजार के दर से पईसा लेहल बयान देहला के बाद उनका के पकडल गईल धनुषा प्रहरी के प्रवक्ता एवं डीएसपी रामेश्वर कार्की जानकारी देहनी ।

कार्की के मुताविक, धनुषा जिल्ला अदालत से चार दिन के म्याद लेके मिश्र विरुद्व आउर अनुसन्धान शुरु कईल गईल बा ।
मिश्र विरुद्व आउर उजुरी आवेके क्रम जारी रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।