प्रदेश २ मे दु जने असई सहित ३ जने पुलीस निलम्बित
जनकपुरधाम १२ असाढ
प्रदेश २ मे कार्यरत दु जने प्रहरी सहायक निरीक्षक आ एक जने जवान निलम्बन मे पडल बाडन ।
रौतहट के अलग अलग कार्यालय मे कार्यरत ई तीन जने पुलीस के निलम्बन कईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम जनवले बा ।
निलम्बित होखेवाला मे रौतहट के इलाका प्रहरी कार्यालय पिपरा रजबाडा दरबन्दी भईल पुलीस चौकी औरैया मे कार्यरत असई ललित साह, उहे कार्यालय मे कार्यरत प्रहरी जवान दिनेश हजारा आ इलाका प्रहरी कार्यालय देबाही गेनाही दरबन्दी भईल प्रहरी चौकी ब्रहमपुरी मे कार्यरत असई संजीव कुमार झा रहल बाडन ।
असई साह आ जवान हजारा आर्थिक प्रलोभन मे पर के हुण्डी कारोबारी मे संलग्न आदमी के सहजोग कईल प्रमाणित भईला के बाद उलोग के निलम्बन कईल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डिआइजी धीरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।
एहितरे असई झा पुलीस आचरण विरुद्व काम कईला पर बेर बेर सुधरे के मौका देहला पर भी ना सुधरला से निलम्बन कईल सिंह बतवनी ।
असई झा अभी मात्र एक जनानी सँगे रात के समय मे आपत्तिजनक अवस्था मे मिलल रहलन ।
आपत्तिजनक अवस्था मे उनका के गाँव के लोग पकड के प्रहरी कार्यालय के जिम्मा लगवले रहलन ।






