गोकर्णेश्वर मे नगर प्रज्ञा परिषद् गठन करेके घोषणा

काठमाण्डु १६ फागुन,

नगरपालिका मे साहित्य के विकास के खातिर गोकर्णेश्वर नगरपालिका नगर प्रज्ञापरिषद् गठन करेवाला बा । नगरपालिका से आयोजना कईल राष्ट्रिय कविता महोत्सव उद्घाटन के अवसर मे अइसन घोषणा कईल गईल बा । नगर प्रज्ञापरिषद् गठन के घोषणा करेवाला सम्भवतः गोकर्णेश्वर देश के पहिलका नगरपालिका ह ।

महोत्सव उद्घाटन करत संस्कृति पर्यटन तथा नागरिक उड््ययनमन्त्री योगेशकुमार भट्टराई साहित्य सिर्जना मार्फत सामाजिक तथा राष्ट्रिय एकता के आउर बरियार बनावे के बतवले बानी । “सभी किसिम के नकारात्मक पाटो के चिरेवाला सशक्त औजार साहित्य ह, अन्धकार मे रहेवाला साहित्य के अब कउनो अर्थ नइखे, अब आर्थिक विकास साझा एजेण्डा बनेके पडि”, कहके बतवनी । वाग्मती प्रदेश के भौतिक, पूर्वाधारमन्त्री रामेश्वर फुयाँल साहित्य के भी उत्पादन के क्षेत्र बनावे के बिचार रखनी ।

प्रतिनिधिसभा सदस्य कृष्ण राई साहित्यमार्फत हि चेतना के स्तरवृद्धि होखेके बतवनी ।
नगरपालिका के प्रमुख सन्तोष चालिसे नगरपालिका मे जलदी नगर प्रज्ञापरिषद् गठन करेके तइयारी हो रहल जानकारी देहनी । नेपाल प्रज्ञा–प्रतिष्ठान के सदस्य सचिव जगतप्रसाद उपाध्याय नेपाली साहित्य के स्तरवृद्धि के खातिर प्रतिष्ठान क्रियाशील रहल बतवनी । प्राज्ञ डा देवी नेपाल स्थानीय तह के आयोजना मे देशव्यापी राष्ट्रिय कविता प्रतियोगितात्मक महोत्सव भईल गौरव के विषय भईल बतवनी ।

महोत्सव के सहआयोजक ग्राम निर्माण बन्धु मण्डल क्लब के अध्यक्ष तथा नगरपालिका के प्रमुख सल्लाहकार दीपक रिसाल आवेवाला दिन मे भी क्लब साहित्यिक गतिविधि के उच्च प्राथमिकता देवेके बतवनी । वरिष्ठ साहित्यकार तथा पत्रकार विजय चालिसे साहित्य के उपेक्षा भईला पर समाज समृद्ध होखे ना सकेके बिचाररखनी ।

महोत्सव संयोजक तथा वरिष्ठ साहित्यकार गोविन्दप्रसाद घिमिरे ‘वेदमणि’ नगरपालिका के साहित्य के उद्गम क्षेत्र के रुप मे परिचित करावे खातिर प्रतियोगिता आयोजना करे लागल बतवनी ।

नगरपालिका के शिक्षा युवा तथा खेलकूद शाखा प्रमुख विजय आचार्य, गोकर्णेश्वर नगरपालिका वार्ड नं ९ के अध्यक्ष राजीव थापा लगायत के लोग महोत्सव के उद्देश्य उपर चर्चा कईले रहनी । उद्घाटन समारोह के बाद प्रतियोगितात्मक कविता वाचन शुरु भईल बा । प्रतियोगिता मे छनोट भईल ४० गो कविता प्रस्तुत कइल जा रहल बा ।

सातुप्रदेश के सहभागिता कार्जक्रम मे रहल संयोजक घिमिरे सुनवनी ।

केन्द्र मे पहिलका, दुसरका, तिसरका आ शान्त्वना एवं सातु प्रदेशगतरुप मे भी पहिलका, दुसरका आ तिसरका होखेवाला के नगद पुरस्कार देवेके नगरपालिका जनवले बा ।

कार्यक्रममे सहभागी साहित्यकार स्थानीय तह के ओरी से पहिलका बेर देशव्यापी प्रतियोगितात्मक महोत्सव आयोजना कईल कहत खुशी व्यक्त कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।